क्वारंटाइन सेंटर में दिनभर रहे वाला युवक रात में जात रहल हऽ अपना घरे, निकलल कोरोना पॉजिटिव प्रशासन में मचल हड़कंप

भोजपुरी समय, छपरा डेस्कः बिहार में क्वारंटाइन सेंटरन के का बेवस्था बा ई खबर पढ़ के रउआ पता लाग जाई। दरअसल छपरा के लहलादपुर प्रखंड के धमसर गांव के पॉजिटिव मिलल युवक दिनभर क्वारंटाइन सेंटर में रहला के बाद रात में अपना घरे चल जात रहल हऽ। एह दौरान युवक के संपर्क में आवे वाला 86 लोग के सैंपल लिहल गइल बा। एह लोग में ऐ मरीज के परिवार के छवगो लोग भी शामिल बाडें। अब एह छवो लोग के सदर अस्पताल में क्वारंटाइन कर दिहल गइल बा। ऐने सदर अस्पताल के क्वारंटाइन वार्ड में राखल गइल 40 में से 30 लोग के जांच रिपोर्ट निगेटिव अइला के बाद शुक के ओह लोग के छोड़ दिहल गइल बा। सिविल सर्जन डा. माधवेश्वर झा एह बात के जानकारी दिहले।

Related posts

Leave a Comment

20 + five =