योगी आदित्यनाथ जनता के रामनवनी के बधाई के संगे-संगे सोशल डिस्टेंशिंग अपनावे के भी कहले
भोजपुरी समय, लखनऊः यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रामनवमी के मौका पर प्रदेश के जनता के संबोधित करत एगो ट्विट कइलें बाडें। एह ट्विट में मुख्यमंत्री जनता के बधाई के संगे संगे कोरोना वायरस से बचे खातिर सोशल डिस्टेंशिंग आ साफ-सफाई के पूरा ध्यान राखे के निहोरा कइले।अपना ट्विट में मुख्यमंत्री कहलें कि ” व्रत, तप व अनुष्ठान हमें त्याग, संयम व सत्य जैसे सद्गुणों को धारण करने की प्रेरणा देते हैं। आज नवरात्रि की नवमी तिथि पर भी हम कोरोना वायरस के दृष्टिगत धार्मिक अनुष्ठानों के दौरान लॉकडाउन का पालन करते हुए सोशल डिस्टेंसिंग का ध्यान रखें और कोरोना वायरस के खिलाफ अभियान को गति दें।”