भारत के रक्षा खातिर दोसरा पर निर्भर नइखे रहल जा सकत-राजनाथ सिंह, रक्षा उत्पादन बढ़ावे पर दिहले जोर

बेंगलुरु, समाचार डेस्क, भोजपुरी समयः रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह मंगलवार के डिफेंस प्रोडक्शन के बढ़ावे पर जोर देत कहलें कि भारत अपना रक्षा खातिर दोसरा देशन पर निर्भर नइखे रह सकत। राजनाथ हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड (एचएएल) के दूसरा एलसीए-तेजस प्रोडक्शन फैसिलिटी के  उद्घाटन समारोह में ई बात कहलें। एह उत्पादन फैसिलिटी के उद्घाटन केंद्रीय रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कइले। एह मौका पर ऊ कहलें कि भारत ‘आत्मनिर्भर भारत अभियान’ के तहत अपना रक्षा उत्पादन क्षमता के बढ़ावे के दिशा में बढ़ रहल बा।

राजनाथ कहलें कि ‘भारत अपना रक्षा खातिर दोसरा देशन पर निर्भर नइखे रह सकत।’ ऊ कहलें कि हलुक लड़ाकू विमान (एलसीए) तेजस ना केवल स्वदेशी बा बलुक अनेक मानकन पर अपना विदेशी समकक्षन से बेहतर आउर अपेक्षाकृत सस्ता बा। राजनाथ सिंह ईहो कहलें कि ‘कईगो देश तेजस में आपन रुचियो देखवले बाड़ें। भारत कुछ साल में रक्षा उत्पादन के क्षेत्र में 1.75 लाख करोड़ रुपीया के लक्ष्य के हासिल करी।’

 

Related posts

Leave a Comment

fourteen − five =