मारपीट छोड़ावे गइल युवक से ही भइल मारपीट, युवक भइल घायल

मारपीट छोड़ावे गइल युवक से ही भइल मारपीट, युवक भइल घायल

भोजपुरी समय, ध्रमेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): दू आदमी के बीचे होत झगड़ा छोड़ावे गइल चुवक के पड़ल भारी। झगड़ा करे वाला लोगन में एक पक्ष के लोग युवक के संगे ही मारपीच कऽ के युवक के कइले गंभीर रुप से घायल। दरअसल मशरख थाना क्षेत्र के रेलवे स्टेशन हाई स्कूल के लगे महादलित टोला में दू पक्ष में मारपीट के दौरान मारपीट खत्म करावे गइल युवक से ही लोग जमके मारपीट कर दिहल। एह घटना में मशरख हाईस्कूल से सटल दलित टोला के रहे वाला स्वर्गीय गणेश बासफोर के तीस बरिस के बेटा लक्ष्मण बासफोर गंभीर रूप से घायल हो गइले। घायलावस्था में ही इलाज खातिर परिवार के लोग के द्वार लक्ष्मण के मशरख पीएचसी में भर्ती करावल गइल बा। एह ममला में घायल के पत्नी बतवली कि पड़ोस के दू लोग कवनो विवाद में आपस में मारपीट करत रहले हं, एही दौरान उनकर पति लक्ष्मण झगड़ा छोड़ावे गइलन जवना में झगड़ा करे वाला लोग लक्ष्मण के संगहीं मारपीट करके उनकरा के  घायल कर दिहल लोग। एह घटना के बाद घायल लक्ष्मण के ओर से मशरक थाना पुलिस के सूचना दिहला के बाद पुलिस मामला के जांच कर रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

11 − 7 =