लॉकडाउन के दौरान सोशल डिस्टेंशिंग आ लॉकडाउन में घर में ही रहे खातिर लोग के मशरख प्रखंड के उप प्रखंड प्रमुख सरपंच संघ के अध्यक्ष के संगे कइले बइठक
भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशरख(सारण): छपरा के मशरख में मशरख प्रखंड के उप प्रखंड प्रमुख साहेब हुसैन उर्फ टुनटुन शनिचर के मशरख सरपंच संघ के अध्यक्ष लालबाबू राय के संगे एगो बइठक कइलें। एह बइठक में कोरोना वायरस से फइल रहल महामारी से बचाव के उपाय के रुप में सरकार आ स्वास्थय संगठनन के द्वारा जारी दिशानिर्दश के मोताबिक सोशल डिस्टेंसिंग के पालन कइल गइल। बइठक में उप प्रमुख साहेब हुसैन उर्फ टुनटुन कहलें कि कोरोना नामक महामारी से बांचे खातिर सामाजिक दूरी बना के राखल बहुत जरुरी बा। एकरा अलावा जदि कवनो जरूरी काम से केहू के घर से बहरी भी निकले के पड़ता त ई पूरा सावधानी आ सुरक्षा जइसे कि मास्क आदि लगा के ही निकलो, आ वापिस आके सभ से पहिले हाथ-गोड़ के बढ़िया से साबुन आ सैनेटाइजर से धोवे। अगर जरुरी ना होखे त लोग घरे में रहे। एकरा अलावा ऊ कहले कि आम जनता के जागरुक करे के काम बा कि जदि गांव में भा टोला-मोहल्ला केहू देश-विदेश से आइल बा त ओकर जानकारी आ सूचना प्रशासन आ पंचायत के मुखिया जरूर दिहल जाओ। एह बइठक में मुन्ना मांझी, मुखिया सुनील राय, सामाजसेवी अफजल हुसैन आदि लोग शामिल रहे।