बीजिंग
चीन से जेवन सूचना आवत बे ओह हिसाब से चीनी विदेश मंत्रालय एगो विज्ञप्ति जारी कइले बा। ओह विज्ञप्ति के हिसाब से अमेरीका के तीन गो अखबारन से पत्रकारन के चीन से बाहर निकाल दिहल जाई।
एह आदेश में न्यूयार्क टाइम्स, वाशिंगटन पोस्ट अउरी द वाल स्ट्रीट जर्नल के पत्रकारन के बाहर निकाले बात बा।
ई मानलऽ जाता कि ई चीन ई आदेश अमेरीकी राष्ट्रपति ट्रंप के के ओह आदेश के प्रतिक्रिया में देले बा जेवना में चीन के चार गो सरकारी समाचार चैनलन के पत्रकारन के संख्या के सीमित कऽ दिहल गइल बा।
मानलऽ जाता कि दुनिया के दू गो महाशक्तिन के बीच के तू डाल-डाल मैं पात-पात वाला खेल ट्रेड वार के हिस्सा बा जेमे दून्नू देश आपन व्यापारिक हित के मजबूत करे के परियास करत बाड़े। ई ट्रेड वार दुनिया के अर्थव्यवस्था खाती नोकान वाला रही।