टीएमएच के बंद हो चुकल गेट ना खुली, असामाजिक तत्वन के जमावड़ा रोकल जाई

टीएमएच के बंद हो चुकल गेट ना खुली, असामाजिक तत्वन के जमावड़ा रोकल जाई

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरःटाटा स्टील के एमडी के संगे होखे वाला कार्यक्रम एमडी ऑनलाइन में इहां के प्लांट में काम करे वाला कइगो कर्मचारी कंपनी के एमडी टी.वी. नरेंद्रन से जमके सवाल कइले आ कंपनी के एमडी के द्वारा अपना सवालन के जवाब पा के खुश भी भइलें। एह कार्यक्रम में कोक प्लांट में काम करे वाला करम अली खान सवाल उठवले कि टीएमएच में पहिले दुगो गेट रहे। जवना में से बिष्टुपुर के ओर वाला गेट से जुगसलाई, आदित्यपुर, बिष्टुपुर समेत अन्य कई इलाकन के लोगन के  आवे जाए में काफी आसानी होखत रहे, बाकिर एह गेट के बंद हो जाए अब लोगन के अधिका परेशानी हो रहल बा। एकरा अलावा जवन गेट अबहीं खुलल बा ओह गेट के सोझा भी कई गो दोकान लागल बाड़ीं सं, जहां असामाजिक तत्वन के जमावड़ा लागल रहेला। एह सवाल के जवाब में एमडी साफ कहलें कि “टीएमएच के जवन गेट बंद हो चुकल बा, ऊ गेट अब सुरक्षा के कारण से दोबारा से नइखए खोलल जा सकत। बाकिर असामाजिक तत्वन के जमावड़ा के रोके खातिर जरूर कवनो उपाय कइल जाई।

Related posts

Leave a Comment

1 + 15 =