थ्रेसर से निकलल चिंगारी से दर्जनों गंहूँ के बोझा जरके भइल राख

थ्रेसर से निकलल चिंगारी से दर्जनों गंहूँ के बोझा जरके भइल राख

धर्मेन्द्र पांडेय, भोजपुरी समय, तरैया, सारण: प्रखंड के पिपरा गांव में थ्रेसर से दंवरी के दौरान थ्रेसर से निकलल चिंगारी से गंहूँ के बोझा में आग लाग गइल। जवना से दर्जनों गंहूँ के बोझा जरके राख हो गइल।
जानकारी के अनुसार पिपरा निवासी भागीरथ राम आ उनकर पत्नी पूरा सीजन भर लोगन के खेतन में गंहूँ काटके मजदूरी में लगभग चार दर्जन गंहूँ के बोझा एकट्ठा कइले पहले हं। जवना के दंवरी करे के दौरान थ्रेसर से निकलल चिंगारी से गंहूँ के बोझा में आग लाग गइल आउर देखते देखते-देखते एह लोग के मेहनत मजदूरी के सभ बोझा जरके राख हो गइल।
घटना स्थल पर मौजूद लोग के मोताबिक दंवरी के दौरान अचानके थ्रेसर से चिंगारी निकल के बोझा पर पड़ गइल। जवना के केहू ना देख पावल आ धीरे-धीरे ई आग विकराल रूप धारण कर लिहलस। एह दौरान अगल-बगल के लोग बाल्टी में पानी लेकर आग बुतावे खातिर दउडल तबले सभ बोझा जरके राख हो चुकल रहे। बहुत देर ले मशक्कत के बाद ग्रामीणजन के द्वारा आग पर काबू त पा लिहल गइल, बाकिर मजदूर दंपति द्वारा मजदूरी क के ले आवल गइल गंहूँ के बोझा ना बाँच सकल। ओहिजा जरल बोझा के देख के गरीब परिवार में बहुते मायूसी देखल गइल।

Related posts

Leave a Comment

12 − five =