तेजस्वी यादव कइलें सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग

भोजपुरी समय, पटना डेस्कः गोपालगंज में कुछ दिन पहिले भइल तिहरा हत्याकांड के लेके आक्रामक तेवर अपना चुकल नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आज गोपालगंज मार्च के आह्वाहन कइले रहले हं। जेकरा के प्रशासन के सख्त रुख संभवना होखे दिहलस। एकरा बाद बिहार विधानसभा अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी से मुलाकात के बादो एह मामला में नरम नइखन पड़ल। तेजस्वी यादव स्पीकर विजय चौधरी से मुलाकात के बाद कहले कि विधानसभा अध्यक्ष से ऊ सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग कइले बानी। तेजस्वी यादव कहले हं कि बिहार में कानून व्यवस्था के इस्थिति बदतर होत जा रहल बा आ अइसे में बेहद जरूरी बा कि विधानसभा के विशेष सत्र बोलाके एह विषय पर चर्चा कइल जाव। तेजस्वी कहले कि ई पहिला मौका होखी जब नेता प्रतिपक्ष के विधानसभा आवे खातिर मंजूरी लेवे के पड़ल बा। नेता प्रतिपक्ष कहले कि बिहार के स्थिति बेहद नाजुक बा। लिहाजा सरकार के संज्ञान में सभ मुद्दन के ले आवे खातिर विधानसभा के विशेष सत्र बोलावल बहुत जरूरी बा। तेजस्वी कहलें कि प्रवासी मजदूरन के समस्या के सामना करे के पड़ रहल बा। बिहार में स्वास्थ्य सेवा बदहाल बा आ अइसे में विधानसभा अध्यक्ष के ई दायित्व बनता कि ऊ सदन के विशेष सत्र बोलाईं। तेजस्वी यादव के कहनाम बा कि विधानसभा अध्यक्ष विजय चौधरी पहिलहूं पहल कऽ के सर्वदलीय बैठक बोलवले रहले आ अब उनकरा एक बार फेर से पहल करत विधानसभा के विशेष सत्र बोलावे के चाहीं।

Related posts

Leave a Comment

one × 5 =