जरुरतमंद मरीज के आर्थिक मदद कइलस “टीम इंसानियत जिंदाबाद”

शत्रुहन तिवारी के मदद करे गइल टीम इंसानियत जिदाबाद के सदस्यगण

शैलेन्द्र कुमार, जलालपुर, सारणः एह कोरोना महामारी से जब सगरी दुनिया हलकान बा, आ वैश्विक लॉकडाउन से आर्थिक रुप से कमजोर बा। अइसन घड़ी में एगो बिमार के आर्थिक मदद कइल अपना आप में एगो बहुत बड़ काम बा। हालांकि ईहो बात सांच बा कि जब एह समय में धरती पर सभे अपने खुशी खातिर जियता आ करा दोसरा के दुख से तवनो मतलब नइखे तबो कुछ लोग अइसन बा जे अबहीं दुनिया में इंसानियत के जिया के रखले बा। अइसने कुछ युवा लोग के एगो समुह बा जवन बिहार के सारण(छपरा) जिला “टीम इंसानियत जिन्दाबाद “। ई टीम के सदस्य लोग के जइसहीं पता लागल कि जलालपुर प्रखंड के हरपुर किशुनपुर गांव के निवासी शत्रुहन तिवारी के धर्म पत्नि अनिता देवी के चेस्ट कैंसर के बेमारी बा आ उनका इलाज खातिर आर्थिक मदद के दरकार बा एह टीम के लोग उनकरा घरे जाके इनकरा के अपना संस्था के र से आर्थिक मदद देलस। बता दीं कि चार बरिस पहिले एगो गरीब परिवार के मदद करे से शुरू भइल ई संस्था के ई सेवा भावना आज एगो जन आन्दोलन के रूप में बदल गइल बा। “टीम इंसानियत जिन्दाबाद” के सदस्य लोग बिना कवनो लालच आ स्वार्थ के समाज के हर तबका के लोग के सेवा करे ला। एह क्रमें एह टीम के जब कबो कवनो अइसन मरीज मिलेले जेकरा आर्थिक भा कवनो आउर सहायता चाहीं त ह मरीज के सहायता आ सेवा करे में ई टीम के कार्यक्रता पीछा ना हटस। हरपुर किशुनपुर गांव के निवासी शत्रुहन तिवारी के मदद करे के दौरान “टीम इंसानियत जिन्दाबाद” के सदस्य लोग में प्रमुख रुप से दिग्विजय पाण्डेय, विवेकानन्द तिवारी, राधेश्याम गुप्ता, युवा कवि शैलेन्द्र कुमार साधु, धनेश बाबा, पं० विवेक विभूति, पं० सुमन मिश्र, ग्राम पंचायत राज किशुनपुर के सरपंच अभिषेक सिंह, उमेश यादव आदि उपस्थित रहल ।

 12,457 total views,  215 views today

Related posts

Leave a Comment

sixteen − 14 =