भोजपुरी समय, शैलेन्द्र कुमार साधु, किशुनपुर, सारण: गुरु पूर्णिमा के दिने जहां सभे आपन आपन आदरणीय गुरुदेव के पूजा करे आ ऊंहा से आशीर्वाद लेवे में लागल रहे, ओही समय में छपरा जिला के जलालपुर प्रखंड में युवा आ प्रौढ़ लोगन के बनल संगठन इंसानियत जिंदाबाद के सदस्य कुछ अलग काम कइले। दरअसल ई लोग पर्यावरण संरक्षण खातिर पौधन के दान आ शिवालय में भजन कीर्तन क के गुरु पूर्णिमा मनवले।
एह संस्था के सदस्य लोग प्रखंड के किशुनपुर में स्थित शिवालय परिसर में संचालित वेद-वेदांग संस्कृत विद्यालय के कर्ताधर्ता आ क्षेत्र के प्रसिद्ध संत दामोदर दास उदासीन के एक दर्जन से अधिका पौधा गमला के संगे दान में दिहल। एह दौरान संस्था के सदस्य
लोग मे विवेकानंद तिवारी,वंशीधर तिवारी,दिग्विजय पाण्डेय,विजय पाण्डेय,राधेश्याम गुप्ता, सुमन मिश्रा,राजू तिवारी आदि शामिल रहल।