टाटानगर जीआरपी के असिस्टेन्ट सब इंस्पेक्टर के एसीबी घुस लेत रंगे हाथ धइलस

 रेलवे के जमीन पर टाल चलावे खातिर मांगत रहले 40 हज़ार

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुर: झारखंड के जमशेदपुर में एंटी करप्शन ब्यूरो (एसीबी) के टीम  टाटानगर जीआरपी में पदस्थापित एएसआई भरत शुक्ला के बीस हजार रुपिया घूस लेत रंगे हाथ दबोचले बा।

स्क्रैप के टाल के बदला मांगत रहले घूस
एसीबी के टीम भरत शुक्ला के बिष्टुपुर स्थित छप्पन भोग के लगे से गिरफ्तार कइलस हऽ। मामला के जानकारी देत एसीबी के डीएसपी अरविंद सिंह बतवले कि भरत जीआरपी में एएसआई के पद पर कार्यरत बाड़न। भरत के द्वारा स्क्रैप व्यापारी श्रवण कुमार से स्क्रैप टाल चलावे खातिर 40 हज़ार रुपिया मांगल गइल रहल हऽ। श्रवण के द्वारा घूस ना दिहला पर भरत टाल के हटा देवे के धमकी देत रहलें। ओहिजा श्रवण एकर शिकायत एसीबी से कर दिहलें जेकरा बाद एसीबी के द्वारा जांच कइला पर ई मामला सही पावल गइल।

जाल बिछा के भरत के कइलस गिरफ्तार
एतवार के एसीबी के टीम श्रवण के 20 हज़ार रुपए दिहलस आ भरत के बोलावल गइल। श्रवण के संगे भइल बातचीत के मोताबिक भरत छप्पन भोग के लगे अइले, एकरा बाद श्रवण भरत के 20 हज़ार रुपिया दिहले ओही समय एसीबी के टीम उनकरा के रंगे हाथ दबोच लिहलस।

एसीबी के गिरफ्त में आरोपी भरत

एसीबी के टीम कर रहल बा पुछताछ
फिलहाल अबहीं एसीबी के टीम भरत से सोनारी स्थित एसीबी कार्यालय में पूछताछ कर रहल बिया।

Related posts

Leave a Comment

13 + 8 =