टाटा स्टील में कर्मचारियन के लइकन खातिर जल्दी निकली वैकेंसी- टीवी नरेंद्रन, एमडी, टाटा स्टील

टाटा स्टील में कर्मचारियन के लइकन खातिर जल्दी निकली वैकेंसी- टीवी नरेंद्रन, एमडी, टाटा स्टील

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः टाटा स्टील में काम कर रहल कर्मचारियन खातिर एगो खुशखबरी बा कि ओह लोग के लइकन खातिर कंपनी जल्दीए वैकेंसी निकाले वाला बिया। एह वैकेंसी में कर्मचारी से लेके ऑफिसर तक हो सकता बहाली। एह बात के जानकारी टाटा स्टील के एमडी टीवी नरेंद्रन अपना लोकप्रिय कार्यक्रम एमडी ऑनलाइन में उठल एगो सवाल के जवाब में दिहलें। नरेंद्रन अपना संबोधन में साफ कइले कि एह साल कर्मचारियन के लइकन खातिर बहाली निकालल जाई। ई बहाली कर्मचारी से लेके ऑफिसर ग्रेड तक के हो सकत बा। दरअसल, एमडी ऑनलाइन कार्यक्रम में कोक प्लांट के करम अली खान ई सवाल उठवले रहस कि कर्मचारियन के लइकन के आइएल-5 आउर आइएल-6 स्तर के ऑफिसर ग्रेड खातिर दिसंबर 2017 के बाद से अब ले बहाली नइखे निकलल। ऊ एमडी से पुछलें कि “का  भविष्य में कर्मचरियन के लइकन खातिर उपरोक्त में बहाली निकल सकता आकि कंपनी के योजना में कवनो बदलाव कइल गइल बा ?”  एह पर एमडी कहलें कि “ ई बात सही बा कि कर्मचारियन के लइकन के वेकेंसी नइखे निकल पावत, आ बहुत दिन से अइसन(कर्मचारियन के लइकन के वेकेंसी) नइखे भइल, लेकिन ऊ ई आश्वासन देवे के चाहत बाड़न कि एह साल वेकेंसी निकली आ कंपनी के रुल्स के मोताबिक ही नियोजन के प्रक्रिया अपनावल जाई।“

 

Related posts

Leave a Comment

16 + fourteen =