तरैया प्रखंड में मिलले 14गो कोरोना पॉजिटिव, कुल संख्या दू दर्जन के लगे चंहुपल

प्रखंड के परौना गांव में सबसे बेसी 12गो पॉजिटिव मिलले

धर्मेंद्र पांड़ेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारणः बिहार के सारण जिला के तरैया प्रखंड में कोरोना धीरे-धीरे आपन गोड़ पसारे के शुरु कर दिहले बा। बाकिर लोग अबहींयो नइखे चेतत आ ना डेराते बा।बता दीं कि राज्य सरकार के आदेश से प्रदेश भर में सब शिक्षण संस्थान बंद हो गइल बाडीं सं। बाकिर तरैया में अबहीयों कुछ प्राइवेट शिक्षण संस्थान धड़ल्ला से चल रहल बा।

प्रखंड के अधिकतर लोग कोरोना गाइडलाइन के पालन नइखे करत। बियफे के प्रखंड में कुल 197 लोग के जांच भइल। जवना में से  14 लोग कोरोना पॉजिटिव निकलले। एह बारे में जानकारी देत  तरैया रेफरल अस्पताल के स्वास्थ्य प्रबंधक नवाब अख्तर जिलानी बतवले कि बियफे के कुल 197 लोगन के कोविड-19 जांच कइल गइल। जवना में से 14 लोग कोरोना पॉजिटिव मिलले। बता दिं कि सबसे बेसी परौना गांव में 12गो लोग पॉजिटिव मिलल बाडे़।  जबकि एक आदमी डुमरी छपिया आ एगो फरीदपुरा के छात्रा जवन बाहर रहके पढ़त रहली हs  कोरोना पॉजिटिव निकलल बाड़ी। स्वास्थ्य प्रबंधक के मोताबिक अबहीं ले तरैया में कोरोना पॉजिटिव लोगन के संख्या दू दर्जन के लगे पहुंच चुकल बा।

Related posts

Leave a Comment

two + nine =