ताहिर हुसैन के कोर्ट में सरेन्डर करे से पहिलहीं क्राइम ब्रांच कइलस गिरफ्तार

Tahir Hussain Arrested by Crime Branchनई दिल्ली

दिल्ली राउज एवेन्यू कोर्ट में एगो ड्रामा नियर ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच कोर्ट के पार्किंग से गिरफ्तार कऽ लिहलस हऽ। ताहिर हुसैन कोर्ट में सरेंडर करे खाती पहुँचल रहल हऽ।

कोर्ट अपना वकील के हाथे ताहिर हुसैन सरेंडर करे के अर्जी लगवले रहल हऽ बाकिर कोर्ट एह अर्जी के ई कहत खारिज कऽ दिहलस हऽ कि ई ममिला ओकरा ज्यूरीडिक्शन के बहरी के बा।

ताहिर हुसैन दिल्ली पुलिस के हिसाब से पिछला कई दिन से लापता रहल हऽ। दिल्ली में भइल नागरिकता (संशोधन) अधिनियम विरोधी  हिंसा के संबन्ध में दिल्ली पुलिस के एकर खोज रहल हऽ।

ताहिर हुसैन आम आदमी पार्टी के पार्षद हऽ। ओकरा उपर दिल्ली में भइल सीएए विरोधी हिंसा के भड़कावे अउरी फइलावे के आरोप बा।

 

Related posts

Leave a Comment

1 × four =