ताहिर हुसैन पऽ दूगो अउरी एफआईआर,  ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस पऽ आरोप

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसानई दिल्ली

आईबी आफिसर अंकित शर्मा हत्या के ले ताहिर हुसैन साफ-साफ मुकर रहल बा। ओकर कहनाम बा कि ऊ अंकित शर्मा के हत्या के समय ऊ ओह इलाका में ना रहल। अउरी ओकरा लगे एह बात के कई गो गवाह बाड़े।

हालाँकि ताहिर पऽ कुछ अउरीओ ममिला में दूगो अउरी एफआईआर दर्ज भइल बा।

अग्रिम याचिका में ताहिर हुसैन आपन बचाव करत दिल्ली पुलिस पऽ आरोप लगवले बा कि 24 फरवरी ओकरा कारखाना पऽ भीड़ हमला कइले रहे। ओह हमला के बाद पुलिस ओकरा घर के जांच कइलस अउरी ओकरा घर अउरी कारखाना के चाभी पुलिस के लगे रहल। अगिला दिने पूरा समय 25 फरवरी के ताहिर अपना दोस्त के घरे रहे के दावा कइले बा।

ताहिर हुसैन आम आदमी पार्टी के पार्षद हऽ। ओकरा उपर दिल्ली में भइल सीएए विरोधी हिंसा के भड़कावे अउरी फइलावे के आरोप बा।

 

 

 

Related posts

Leave a Comment

6 − 2 =