सीएए आ दिल्ली हिंसा पर डोनाल्ड ट्रंप कहलें, ई भारत के भीतरी ममिला बा-डॉनल्ड ट्रंप

सीएए आ एनपीआर भोजपुरी समय, नई दिल्लीः   अमरीकी राष्ट्रपति डॉनल्‍ड ट्रंप मंगर के नई दिल्ली में कहलें कि सीएए भारत भीतरी ममिला बा। हमनी के (ट्रंप आ मोदी के) सीएए के लेके कवनो चर्चा नइखे भइल। पीएम मोदी इस्‍लाम आउर ईसाई धर्म खातिर भी काम कर रहल बाड़न। भारत अनुच्‍छेद 370 के सोच समझ कर हटवले बा। भारत आवे वाला समय में बहुते सशक्‍त होखे जा रहल बा। आर्थिक नजरिया से भी भारत सशक्‍त होखे जा रहल बा। पाकिस्तान से सीमा पार आतंकवाद के बारे में पूछला पर ट्रंप फेर…

Read More

जामिया गेट पऽ फेर फायरिंग

शाहीन बाग सीएए

नई दिल्ली पिछला एक हफ्ता में शाहीन बाग धरना प्रदर्शन के ले के एतवार के तीसरी बेर फायरिंग भइल बा। दिल्ली में स्थित केंद्रीय विश्वविद्यालय जामिया मिल्लिया के गेट नं पाँच पऽ एतवार के आधा रात तकरीबन 12 बजे के आस-पास हवाई फायरिंग भइल बा। ई पिछ्ला एक हफ्ता में तीसरी घटना हऽ। खबर बा कि लाल रंग के स्कूटी पऽ दू गो सवार यूनिवर्सिटी के गेट पाँच पऽ हवाई फायर कऽ के भाग गउवन। शाहीन बाग में सीएए एनआरसी अउरी एनपीआर के खिलाफ पिछला डेढ़ महीना से अधिका समय…

Read More

नागरिकता साबित कइल मुश्किल, महाराष्ट्र में ना लागू होई एनआरसी – उद्धव ठाकरे

मुम्बई महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे शिवसेना के मुखपत्र सामना में अपनी साक्षात्कार में कहलन हऽ कि महाराष्ट्र में राष्ट्रीय नागरिक रजिस्टर (NRC) ना लागू होई। उद्धव ठाकरे अपनी साक्षात्कार में नागरिकता संशोधन अधिनियम (CAA) पऽ आपन रुख साफ करत कहलन हऽ कि सीएए नागरिकता छीने के बारे में नइखे। बलुक ई नागरिकता देबे के बारे में बा। सीएए पऽ देश भर में बवाल के बीच उद्धव ठाकरे के ई बयान केन्द्र सरकार खाती राहत के बात बा। हालाँकि एनआरसी पऽ आपन रुख साफ करत कहलन कि महाराष्ट्र में एनआरसी…

Read More

शाहीन बाग के प्रदर्शनकारी आज जंतर-मंतर पऽ दीहे धरना

शाहीन बाग सीएए

नागरिकता संशोधन कानून (सीएए) के खिलाफ शाहीन बाग में धरना प्रदर्शन करत प्रदर्शनकारी आज जंतर-मंतर पऽ धरना दीहें. सूचना के हिसाब से ए धरना प्रदर्शन में शाहीन बाग के बुढ़-बुजुर्ग महिलाएं शामिल होइहें। धरना खाती ‘दादी चलो जंतर-मंतर’ के नारा दीहल गइल बा।

Read More

सीएए एनआरसी पर केरल विधानसभा में हंगामा

तिरुअनंतपुरम नागरिकता संशोधन कानून (सीएए) के ले के केरल सरकार और राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान के बीच विवाद खत्म होखे नाम नइखे लेत। सीएए पऽ केरल सरकार अउरी राज्यपाल के अलगा-अलगा राय बा। जहाँ सरकार एह कानून के विरोध में कोर्ट गइल बे ओही जा राज्यपाल एह कानून के समर्थन बाड़े। आज केरल विधानसभा में शुरू भइल बजट सत्र में नागरिकता संशोधन कानून (CAA) अउरी एनआरसी NRC के ले के खुब हंगामा भइल हऽ। राज्यपाल के विधानसभा पहुँचला पऽ सत्ता पक्ष अउरी यूडीएफ से जूड़ल विधायक राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान…

Read More