एनटीपीसी के दूगो मालगाड़ी में टक्कर

भोजपुरी समय, सोनभद्र: एतवार के भोरे भोरे एनटीपीसी रिहन्द के दूगो मालगाड़ी सोझा से दोसरा से लड़ गइली सं। एह दुर्घटना में तीन लोग के मौका पर मौत हो गइल। बतावल जा रहल बा कि ई दुर्घटना सबेरे 4.40 पर बैढ़न से दू किलोमीटर पहिले गनियारी के लगे भइल। घटना के सुचना मिलते सिंगरौली के पुलिस अधिकारी आउर एनटीपीसी के आला अधिकारी राहत बचाव कार्य खातिर मौका पर पहुँचलें। एह भीषण दुर्घटना में एक दर्जन बोगी पटरी से उतर के ऐने-ओने छितरा गइली सं। ओहिजा एह घटना में करोड़न के…

Read More

सोना के भंडार मिलला से सरकार भइल गदगद

भोजपुरी समय,बनारस: उत्तर प्रदेश के सोनभद्र में सोना के खदान आ ओहमें बहुत बड़ मात्रा में सोना आ यूरेनियम जइसन धातुअन के होखला के पुष्टि भइला के बाद से प्रदेश के बीजेपी सरकार गदगद बीया। सरकार के मुखिया योगी आदित्यनाथ के एह घटना के भगवान राम के कृपा बतवले के बाद अब उनकर नायब केशव प्रसाद मौर्या भी कुछ अइसने कह रहल बाड़े। आज बनारस में एगो कार्यक्रम में पत्रकारन से बतियावत यूपी के डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्या कहलें कि सोनभद्र में ई जवन सोना के अकूत भंडार मिलल…

Read More

सोनभद्र के पहाड़न में मिलल तीन हजार टन सोना

          40 साल से अधिका समय लागल सोना खोजे में भोजपुरी समय, सोनभद्रः उत्तर प्रदेश के सोनभद्र जिला में सोना के भारी खदान के पता लागल बा।  हालांकि एह बात के पता लगावे में सरकार के 40 बरिस से अधिका समय लाग गइल। अइसन नइखे कि एह जगहा पर सोना के खोज खाली भारत सरकार ही करवावत रहल हऽ, बलुक गुलामी के दौर में अंग्रेजों भी सोने के खान के पता लगावे के कोशिश कइले रहे बाकिर, ऊ कामयाब ना हो सकल रहे। चूंकि आजादी से…

Read More