चीन के धोखा, लद्दाख में 23 जवान शहीद

लद्दाख भारत चीन सीमा विवाद के कारण सोमार रात के पूर्वी लद्दाख ले गलवान घाटी में चीनी सेना के धोखा दिहला के कारन भारत के एगो कर्नल समेत 23 जवान सीमा पऽ शहीद हो गइल बाड़े। चीनी सेना समझौता के बाद धोखा दे के भारतीय सैनिकन पऽ पीछे से पत्थर, कंटइला तार के लाठी से रात के अंधेरा में भारतीय पेट्रोल पार्टी पऽ हमला कऽ दिहलस। एह हमला बिहार रेजीमेंट के कर्नल संतोष बाबू अउरी हवलदार आ सिपाही वीरगति के प्राप्त कइले बाड़े।

Read More

लद्दाख: सीमा पऽ भारत-चीन में तनाव बढ़ल

लद्दाख लद्दाख में भारत-चीन के सीमा पऽ जारी विवाद के घटे के बदले बढ़त नजर आवता। भारत अउरी चीन दून्नू अपना-अपना ओर सैनिक अउरी सैन्य सामान बढ़ा रहल बाड़े। भारत अउरी चीन के ओर से एह तनाव के कम करे के परियास हो रहल बा। एह खाती बातचीत चल रहल बा। बाकिर चीन के रुख सकारात्मक नइखे। अपनी विस्तारवादी नीति के कारन आज चीन अपना सगरी पड़ोसी देशन के संगे सीमा विवाद में फंसल बा। भारत, ताइवान, सिंगापुर अउरी वियतनाम के संगे चीन के रोज के झगरा बा।

Read More

नेपाल के विवादित नक्शा के मुख्य विपक्षी दल के समर्थन

नई दिल्ली विपक्ष के समर्थन के बाद नेपाल के के पी शर्मा ओली सरकार के प्रस्तावित विवादित नक्शा खाती होखे वाला संवैधानिक संशोधन के पास कर के रास्ता अब साफ हो गइल बा। नेपाल के मुख्य विपक्षी पार्टी नेपाली कॉग्रेस एह नक्शा खाती होखे वाला संविधान संशोधन के समर्थन कऽ देले बा। राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी (आरपीपी), समाजवादी जनता पार्टी नेपाल अउरी राष्ट्रीय जनता पार्टी नेपाल पहिलहीं से एकरा समर्थन रहली हऽ सऽ। मालूम होखे के चाहीं कि नेपाल के नवका प्रस्तावित नक्शा में भारत के तीन गो इलाका कालापानी, लिंपियाधुरा…

Read More

लद्दाख में सीमा पऽ भारत-चीन में तनाव जारी

लद्दाख ओपन सोर्स इंटेलिजेंस अनैलिस्ट Detresfa के जारी कइल ताजा सैटलाइट फोटो के हिसाब से चीन के सेना पीपल्स लिबरेशन आर्मी (PLA) लद्दाख में आपन सैन्य गतिविधि बढ़ा रहल बे। चीनी सेना पैंगॉन्ग सो अउरी गोगरा इलाका के सोझा आपन पोजीशन लेले बिया। चीन के गतिविधि के देखत भारत एह क्षेत्र में अपना सैनिकन के संख्या बढ़ा देले बा। हालाँकि कुछ दिन पहिले चीन भारत के संगे गतिरोध कम करे के संकेत देले रहे बाकिर ई लागत बा कि चीन के गतिरोध कम करे के बाद खाली एगो डाइवर्जन रहल…

Read More

भारत-नेपाल विवाद: नेपाल के बातचीत के प्रस्ताव भारत के विश्वास जीते के नसीहत

नई दिल्ली पिछिला कुछ समय से भारत-नेपाल के संबन्ध में तनाव आइल बा। नेपाल में जब से ओली सरकार आइल बे तब से नेपाल भारत के बात-बेबात उकसावत रहता। कुछ दिन पहिले नेपाल चीन के कहला पऽ नेपाल कालापानी सीमा के ले के आपन नया नक्शा जारी कइले रहल जेवना में भारत के क्षेत्र के नेपाल आपन बतावत रहल। भारत के बरियार विरोध कइला के बाद, नेपाल अब भारत से एह मुद्दा पऽ बातचीत करे खाती उतावला हो रहल बा। मालूम होखे के चाहीं कि धारचूला-लिपुलेख सड़क परियोजना के ले…

Read More