अरोपिन के फोटो वाला पोस्टर जल्दी हटावे यूपी सरकार: इलाहाबाद हाईकोर्ट

सीएए विरोधी आरोपिन के पोस्टर

प्रयागराज इलाहाबाद हाईकोर्ट उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश देत कहले बे कि यूपी सरकार सीएए विरोधी हिंसा में सम्पति के नोकसान पहुँचावे वाला आरोपिन के फोटो वाला पोस्टर जल्दी से हटावे। मालूम होखो कि सीएए विरोधी प्रदर्शन में प्रदर्शनकारी लखनऊ में खुब जमि के हिंसा कइले रहलें। एह हिंसा में सरकारी अउरी लोगन संपति के खुब नोकसान पहुँचावल गइल रहे। सरकार एह हिंसा के भड़कावे वाला आरोपिन के पहचान कऽ के ओह लोगन के फोटो वाला पोस्टर शहर में लगवले रहल हऽ। इलाहाबाद हाईकोर्ट एह ममिला के स्वतः संज्ञान ले…

Read More

ताहिर हुसैन के कोर्ट में सरेन्डर करे से पहिलहीं क्राइम ब्रांच कइलस गिरफ्तार

Tahir Hussain Arrested by Crime Branch

नई दिल्ली दिल्ली राउज एवेन्यू कोर्ट में एगो ड्रामा नियर ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच कोर्ट के पार्किंग से गिरफ्तार कऽ लिहलस हऽ। ताहिर हुसैन कोर्ट में सरेंडर करे खाती पहुँचल रहल हऽ। कोर्ट अपना वकील के हाथे ताहिर हुसैन सरेंडर करे के अर्जी लगवले रहल हऽ बाकिर कोर्ट एह अर्जी के ई कहत खारिज कऽ दिहलस हऽ कि ई ममिला ओकरा ज्यूरीडिक्शन के बहरी के बा। ताहिर हुसैन दिल्ली पुलिस के हिसाब से पिछला कई दिन से लापता रहल हऽ। दिल्ली में भइल नागरिकता (संशोधन) अधिनियम…

Read More

ताहिर हुसैन पऽ दूगो अउरी एफआईआर,  ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस पऽ आरोप

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

नई दिल्ली आईबी आफिसर अंकित शर्मा हत्या के ले ताहिर हुसैन साफ-साफ मुकर रहल बा। ओकर कहनाम बा कि ऊ अंकित शर्मा के हत्या के समय ऊ ओह इलाका में ना रहल। अउरी ओकरा लगे एह बात के कई गो गवाह बाड़े। हालाँकि ताहिर पऽ कुछ अउरीओ ममिला में दूगो अउरी एफआईआर दर्ज भइल बा। अग्रिम याचिका में ताहिर हुसैन आपन बचाव करत दिल्ली पुलिस पऽ आरोप लगवले बा कि 24 फरवरी ओकरा कारखाना पऽ भीड़ हमला कइले रहे। ओह हमला के बाद पुलिस ओकरा घर के जांच कइलस अउरी…

Read More

ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती पहुँचल कोर्ट, पुलिस रेस्क्यू पऽ संस्पेस

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

नई दिल्ली एएनआई के एगो ट्वीट के हिसाब से आम आदमी पार्टी के निष्कासित पार्षद ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती दिल्ली कोर्ट के अर्जी लगवले बा। ताहिर हुसैन पऽ उत्तर पूर्वी दिल्ली के करावल नगर में सीएए विरोधी हिंसा भड़कावे, फइलावे अउरी हिंसा में शामिल रहे के आरोप बा। ताहिर हुसैन के ले के कई तरह के दावा सोझा आवत बा। दिल्ली पुलिस के एडिशनल सीपी (क्राइम) ए के सिंगला के हिसाब से 24-25 फरवरी के रात में दिल्ली पुलिस ताहिर हुसैन के ओकरा घर से बचवले रहे तऽ ओहीजा…

Read More

सीएए विरोधी हिंसा में पुलिसकर्मी पऽ पिस्टल ताने वाला शाहरुख गिरफ्तार

मौजपुर शाहरुख

नई दिल्ली आज 3 मार्च मंगर के दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच दिल्ली में भइल नागरिकता (संशोधन) अधिनियम विरोधी हिंसा में पुलिसकर्मी पऽ पिस्टल ताने वाला शाहरुख के गिरफ्तार उत्तर प्रदेश के शामली से पकड़े ले ले बिया। मालूम होखे के चाहीं कि शाहरुख 24 फरवरी के दिल्ली में दिन दहाड़े सीएए विरोधी हिंसा में एगो पुलिसकर्मी पऽ पिस्टल तान देले रहे अउरी संगहीं कई राउंड फायर कइले रहल। पुलिस से पूछताछ में शाहरुख दिल्ली पुलिस के बतवलस कि ओह दिन ऊ कनॉट प्लेस के एगो पार्किंग में रात गुजरलस।…

Read More

शाहीन बाग में धारा 144, ड्रोन से निगरानी

शाहीन बाग सीएए

नई दिल्ली नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी धरना प्रदर्शन अउरी दिल्ली में भइल भारी हिंसा के बाद दिल्ली प्रशासन शाहीन बाग में धारा 144 लागू कऽ दिहल गइल बा। एह नोटिस के शाहीन बाग के नियरा के पुलिस बैरिकेट पऽ सटावल गइल बा। दिल्ली पुलिस एह इलाका में एगो नोटिस जारी कऽ के कहले बे कि एह क्षेत्र में बटोराइल भा धरना प्रदर्शन करे के मंजूरी नइखे। जे एह आदेश के ना मानी ओकरा पऽ कानूनी कारवाई होई। मालूम होखे के चाहीं कि हिन्दू सेना आज 1 मार्च के शाहीन बाग…

Read More

हिंसा के कारन दिल्ली के स्कूल सात मार्च ले बन्द

नागरिकता संशोधन अधिनियम सीएए विरोधी हिंसा

नई दिल्ली उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला में नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी हिंसा के देखत दिल्ली प्रशासन उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला के सगरी स्कूल सात मार्च ले बन्द करे के आदेश जारी कइले बा। सगरि स्कूलन के सलाना इम्तिहान एह हिंसा के कारन स्थगित कइल गइल। हालाँकि आज शनिचर के स्कूल स्टॉफ खाती स्कूल खुलल रहल हऽ। उत्तर पूर्वी जिला में पहिलहीं से सगरी स्कूल बन्द बा। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) एह क्षेत्र में 29 फरवरी ले होखे वाला परीक्षा टाल देले बा। एह सीएए विरोधी हिंसा अबले 42 जन…

Read More

दिल्ली के सीएए विरोधी हिंसा के शक पीएफआई पऽ

दिल्ली में सीएए के विरोध में बवाल

नई दिल्ली राजधानी दिल्ली के उत्तर पूर्वी दिल्ली में पिछिला तीन दिन से सीएए विरोधी हिंसा के घटना लगातार जारी। एह हिंसा अउरी आगजनी के दायरा लगातार बढ़त जा रहल बा। इंटेलिजेंस सूचना के हिसाब से सुरक्षा एजेंसीन के कई गो संगठन पऽ शुबहा बा ऊ संगठन एह हिंसा के फइला रहल बड़े सऽ। ओह संगठन में पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया के मुख्य बा। शुबहा बा कि ई हिंसा अमेरीकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के भारत यात्रा के देखि के फइलावे जा रहल बा। सूचना के हिसाब से ई हिंसा उत्तर…

Read More

दिल्ली हिंसा के देखत गृह मंत्रालय में अमित शाह ले रहल बाड़े बैठक

अमित शाह अरविन्द केरजरीवाल

नई दिल्ली पिछिला तीन दिन से दिल्ली के उत्तर पूर्वी जिला में फइलल सीएए विरोधी हिंसा के दिसाईं गृह मंत्रालय में एगो हाई लेवल बइठक हो रहल बे। एह बइठक में केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह, अमित शाह समेत दिल्ली मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल, उपराज्यपाल अनिल बैजल, दिल्ली पुलिस कमिश्नर अमुल्य पटनायक सहित दिल्ली पुलिस के आला अधिकारी हिस्सा लेत बाड़े। सूचना के हिसाब से आज सबेरे दंगाई फेर से टायर मार्केट में आग लगा देले बाड़े सऽ। ओह इलाका के गाड़ी, दोकान अउरी घरन में आग लगा देले बाड़े सऽ। हिंसा…

Read More

दिल्ली में सीएए विरोधी उपद्रवी फूँकलन टायर मार्केट

सीएए के विरोध के दिल्ली में दंगा

नई दिल्ली उत्तर पूर्वी दिल्ली में पिछिला तीन दिन से सीएए विरोधी हिंसा अउरी आगजनी के दायरा बढ़त जा रहल बा। अब ई हिंसा जाफराबाद, मौजपुर, भजनपुरा, गोकुलपुरी समेत कबीरनगर के अपना जद में ले ले बिया। सीएए विरोधी गोकुलपुरी के टायर मार्केट में काल्ह रात में आग लगा देले रहलन जेवना के आग बुता गइल रहल हऽ। बाकिर सूचना के हिसाब से आज सबेरे दंगाई फेर से टायर मार्केट में आग लगा देले बाड़े सऽ। ओह इलाका के गाड़ी, दोकान अउरी घरन में आग लगा देले बाड़े सऽ। यहाँ…

Read More