रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर ऑनलाइन कवि सम्मेलन में बहल काव्य रसधार

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहला उपन्यासकार आ सुप्रसिद्धभोजपुरी साहित्यकार स्वर्गीय रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर सारण भोजपुरिया समाज के संगे-संगे भोजपुरी भाषा के सेवा में लागल तमाम संस्था अपना अपना स्तर पर ऑनलाइन कार्यक्रम के आयोजन कइली सं। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु पांडेय बतवनी कि संस्था के द्वारा रामनाथ पांडेयजी के निवास स्थान पर एगो श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल रहल हऽ जहां श्रद्धांजलि दिहला के बाद पांडेयजी के निवास स्थान से दिवाकर उपाध्याय आ लोकगायक शैलेश समदर्शी अपना निर्गुण गीतन…

Read More

भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथी पर आयोजित भइल समारोह

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के जयंती 8 जून से लेके पुण्यतिथि 16 जून तक सोशल मीडिया के माध्यम से कइगो आयोजन भइल हऽ। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के वाट्सएप ग्रुप पर देर रात तक कविता-कहानी, गीत-गजल के दौर चलल त ओहिजा फेसबुक पेज पर भी लाइव कार्यक्रम भइल। सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु भूषण पांडेय बतवलन कि सारण भोजपुरिया समाज के द्वारा स्वर्गीय रामनाथ पाण्डेय के रतनपुरा स्थित निवास पर श्रद्धांजलि कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह मौका पर सारण…

Read More

सारण भोजपुरिया समाज ऑनलाइन कवि सम्मेलन से जयंती पर वीर कुंवर सिंह के दिही श्रद्धांजलि

सारण भोजपुरिया समाज ऑनलाइन कवि सम्मेलन से जयंती पर वीर कुंवर सिंह के दिही श्रद्धांजलि भोजपुरी समय, शैलेंद्र तिवारी, सारणः सन 1857 के प्रथम स्वतंत्रता संग्राम भा क्रांति के महानायक बिहार के शान बाबू वीर कुंवर सिंह के आज 243वां जन्मदिन पर सारण भोजपुरिया समाज ऑनलाइन कविगोष्ठी सह गीत गवनई के द्वारा आपन श्रद्धांजलि दिही। एह कार्यक्रम में सारण भोजपुरिय समाज के तमाम सदस्य आ जवना में पूर्वांचल रत्न से सुशोभित हास्य कवि बादशाह प्रेमी, लोकगायिका संजोली पांडेय, प्रीति कुशवाहा आ गायत्री यादव के संगे-संगे यूपी के बलियां से लोकगायक…

Read More

जाये ना देहब बहरिया, रहीहें घरवे सांवरिया…. सारण भोजपुरिया समाज के ऑनलाइन कवि सम्मेलन में गुंजल कवियन के बोल

सारण भोजपुरिया समाज के ऑनलाइन कवि सम्मेलन में कोरोना से लड़े के कवि लोग दिहलें सनेस भोजपुरी समय, रामेश्वर गोप/शैलेंद्र तिवारी,छपरा/अहमदाबादः एक ओर जहां पूरा देश में कोरोना वायरस से महामारी फइलऽलला के कारण सरकार के द्वारा घोषित लॉकडाउन के कारण सभे अपना अपना घर में रहे के मजबूर बा। अइसन में सोशल मीडिया पर तरह तरह के गतिविधि कर के लोग आपन समय बीता रहल बाडें। एही क्रम में भोजपुरी खातिर काम कर रहल एगो संस्था सारण भोजपुरिया समाज अपना सदस्यन के संगे पहिलका ऑनलाइन कवि सम्मेलन के आयोजन रामनवमी के…

Read More

सारण भोजपुरिया समाज मनवलस मिलन समारोह सह कवि सम्मेलन

सारण भोजपुरिया समाज के मिलन समारोह सह कवि सम्मेलन में जुटलें सारण प्रमंडल के साहित्य सेवी भोजपुरी समय, छपरा: सारण के धरती पर भोजपुरी के आवाज बुलंद करे आ सारण प्रमंडल के तहत आवे वाला तीनों जिलन के भोजपुरिया लोगन के एकजुट करे खातिर बनल सारण भोजपुरिया समाज के द्वारा पहिला मिलन समारोह मनावल गइल। एह मिलन समारोह में छपरा, सिवान आ गोपालगंज के रहेवाला अनेक भोजपुरिया लोग जे दू जून के रोटी के जोगाड़ में अपना गांव से दूर देश-दुनिया के अलग-अलग भागन में रहतारें ऊ बिटोरइलें। दिया बार…

Read More