भिखारी ठाकुर जयंती पर जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया आयोजित कइलस ऑनलाइन कार्यक्रम

राम प्रकाश तिवारी,भोजपुरी समय, तिनसुकिया आसामः इतिहास में 18 दिसंबर भोजपुरी के शेक्सपियर कहाए वाला लोक कलाकार भिखारी ठाकुर के जन्मदिन के रुप में दर्ज बा। भिखारी ठाकुर के 133 वां जयंती पर जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया संस्था ऑनलाइन काव्य गोष्ठी सह सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइलस। एह कार्यक्रम के शुरुआत सर्वप्रथम संस्था के फरीदाबाद में रहेवाला केंद्रीय अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी दीया जरा के कइलें। एकरा बाद आसाम में रहे वाली वंदना चौबे भिखारी ठाकुर जी के फोटो पर माल्यार्पण करके कार्यक्रम के आगे बढ़वनी। पूजा प्रसाद के सधल आ सुमधुर…

Read More

जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के कवि सम्मेलन में कविता के सागर में डुबुकी लगवलें श्रोता

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंजः साफ सुथरा गीत गवनई आ भोजपुरिया संस्कृति के संरक्षण के उद्देश्य से,  साल 2015 में वहाट्सएप पर एगो ग्रुप के रुप में स्थापित आ साल 2017 में न्यास के रुप में देश के राजधानी दिल्ली में पंजीकृत “जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया” परिवार के सालाना सांस्कृतिक आ साहित्यिक महोत्सव-3 के आयोजन बिहार के गोपालगंज जिला के अमहीं मिश्र गांव में भइल। ई आयोजन में हर बरिस के जइसे अबकिरो दूगो सत्र राखल गइल रहे। कार्यक्रम के पहिलका सत्र में जहां संस्था के अध्यक्ष…

Read More

अखण्ड अष्टयाम के संगे शुरू भइल “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3”

शशि प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंज: हरे राम हरे कृष्ण के नाम धुन के मधुर संगीत से सजल अखण्ड अष्टयाम के संगे भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया के तीसरका सालाना “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3” के एतवार के शुरुआत हो गइल। एह मौका पर संस्था के उपाध्यक्ष सुभाष पाण्डेय भोजपुरी समय से बतवनी कि संस्था जय भोजपुरी जय भोजपुरिया के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी हर बरिस छठ के बाद अष्टयाम कराइले। एही कड़ी में पछिला तीन बरिस से संस्था के सालाना महोत्सव के आयोजन भी अष्टयाम के…

Read More

कोरोना वायरस के कारण दुर्गापूजा में अबकीर ना होखी सांस्कृतिक कार्यक्रम

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,पानापुर(सारण):- कोरोना वायरस के संक्रमण के फइले से बचावे के उद्देश्य से सरकार आ विश्व स्वास्थय संगठन के सलाह आ सरकार के द्वारा लोग के एक जगहा बिटोरइला पर प्रतिबंध के कारण पानापुर प्रखंड के रामपुररुद्र बाजार स्थित विद्यावती कॉम्प्लेक्स में पछिला कई बसिर से आयोजित चइत नवरात्री के मौका पर अबकीर कवनो सांस्कृतिक कार्यक्रमन के आयोजन ना होई। एह  बात के निर्णय शुक के दिने क्रोंध पंचायत के मुखिया रूबी देवी के रामपुररुद्र स्थित आवास पर पूजा समिति के सदस्यन के बइठक में लिहल गइल। पूजा…

Read More