हैदराबाद से मजदूर के शव गांवे अइला के बाद गांव में फइलल मातम

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय,भटकेशरी, सारण: बीतल शुक्रवार दिनांक 18 दिसंबर 2020 के हैदराबाद में निर्माणाधीन पावर प्लांट के चिमिनी से गिरके भटकेशरी निवासी गली प्रसाद के बेटा रमेश प्रसाद के मौत हो गइल रहे। आज जब रमेश के लाश उनकरा पैतृक गांव भटकेशरी पहुंचल त रमेश के परिवार के संगे संगे पूरा गांव में दुख आ गम के लहर पसर गइल। बता दीं की रमेश अपना माई बाबूजी के एकलौता कमाऊ संतान रहले। रमेश अपना पीछा पत्नी गीता देवी , चारगो बेटी आ दूगो बेटा के छोड़ गइल बाड़े।…

Read More

भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में

भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में भोजपुरी समय, मंटू तिवारी,भटकेसरी(सारण): कोरोना वायरस से बचाव आ एह वायरस से ग्रस्त लोगन के बचाव खातिर इसुआपुर प्रखंड के मुखिया लोग के द्वारा एक साल के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान दिहला के बाद अब छपरा के ही जलालपुर प्रखंड के भटकेसरी पंचायत के मुखिया श्रीराम राय आपन तेरह महीना के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान देवे के घोषणा कइले बाड़ें। एह क्रम में मुखिया प्रतिनिधि विकास राय बतवले कि मुखिया…

Read More