शाहीन बाग में धारा 144, ड्रोन से निगरानी

शाहीन बाग सीएए

नई दिल्ली नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी धरना प्रदर्शन अउरी दिल्ली में भइल भारी हिंसा के बाद दिल्ली प्रशासन शाहीन बाग में धारा 144 लागू कऽ दिहल गइल बा। एह नोटिस के शाहीन बाग के नियरा के पुलिस बैरिकेट पऽ सटावल गइल बा। दिल्ली पुलिस एह इलाका में एगो नोटिस जारी कऽ के कहले बे कि एह क्षेत्र में बटोराइल भा धरना प्रदर्शन करे के मंजूरी नइखे। जे एह आदेश के ना मानी ओकरा पऽ कानूनी कारवाई होई। मालूम होखे के चाहीं कि हिन्दू सेना आज 1 मार्च के शाहीन बाग…

Read More

हिंसा के कारन दिल्ली के स्कूल सात मार्च ले बन्द

नागरिकता संशोधन अधिनियम सीएए विरोधी हिंसा

नई दिल्ली उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला में नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी हिंसा के देखत दिल्ली प्रशासन उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला के सगरी स्कूल सात मार्च ले बन्द करे के आदेश जारी कइले बा। सगरि स्कूलन के सलाना इम्तिहान एह हिंसा के कारन स्थगित कइल गइल। हालाँकि आज शनिचर के स्कूल स्टॉफ खाती स्कूल खुलल रहल हऽ। उत्तर पूर्वी जिला में पहिलहीं से सगरी स्कूल बन्द बा। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) एह क्षेत्र में 29 फरवरी ले होखे वाला परीक्षा टाल देले बा। एह सीएए विरोधी हिंसा अबले 42 जन…

Read More

दिल्ली के सीएए विरोधी हिंसा के शक पीएफआई पऽ

दिल्ली में सीएए के विरोध में बवाल

नई दिल्ली राजधानी दिल्ली के उत्तर पूर्वी दिल्ली में पिछिला तीन दिन से सीएए विरोधी हिंसा के घटना लगातार जारी। एह हिंसा अउरी आगजनी के दायरा लगातार बढ़त जा रहल बा। इंटेलिजेंस सूचना के हिसाब से सुरक्षा एजेंसीन के कई गो संगठन पऽ शुबहा बा ऊ संगठन एह हिंसा के फइला रहल बड़े सऽ। ओह संगठन में पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया के मुख्य बा। शुबहा बा कि ई हिंसा अमेरीकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के भारत यात्रा के देखि के फइलावे जा रहल बा। सूचना के हिसाब से ई हिंसा उत्तर…

Read More

दिल्ली हिंसा के देखत गृह मंत्रालय में अमित शाह ले रहल बाड़े बैठक

अमित शाह अरविन्द केरजरीवाल

नई दिल्ली पिछिला तीन दिन से दिल्ली के उत्तर पूर्वी जिला में फइलल सीएए विरोधी हिंसा के दिसाईं गृह मंत्रालय में एगो हाई लेवल बइठक हो रहल बे। एह बइठक में केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह, अमित शाह समेत दिल्ली मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल, उपराज्यपाल अनिल बैजल, दिल्ली पुलिस कमिश्नर अमुल्य पटनायक सहित दिल्ली पुलिस के आला अधिकारी हिस्सा लेत बाड़े। सूचना के हिसाब से आज सबेरे दंगाई फेर से टायर मार्केट में आग लगा देले बाड़े सऽ। ओह इलाका के गाड़ी, दोकान अउरी घरन में आग लगा देले बाड़े सऽ। हिंसा…

Read More

दिल्ली में सीएए विरोधी उपद्रवी फूँकलन टायर मार्केट

सीएए के विरोध के दिल्ली में दंगा

नई दिल्ली उत्तर पूर्वी दिल्ली में पिछिला तीन दिन से सीएए विरोधी हिंसा अउरी आगजनी के दायरा बढ़त जा रहल बा। अब ई हिंसा जाफराबाद, मौजपुर, भजनपुरा, गोकुलपुरी समेत कबीरनगर के अपना जद में ले ले बिया। सीएए विरोधी गोकुलपुरी के टायर मार्केट में काल्ह रात में आग लगा देले रहलन जेवना के आग बुता गइल रहल हऽ। बाकिर सूचना के हिसाब से आज सबेरे दंगाई फेर से टायर मार्केट में आग लगा देले बाड़े सऽ। ओह इलाका के गाड़ी, दोकान अउरी घरन में आग लगा देले बाड़े सऽ। यहाँ…

Read More

सीएए विरोधी हिंसा: कई जगह पऽ 144, दू दिन खाती स्कूल बन्द

सीएए विरोधी हिंसा

नई दिल्ली     दिल्ली के यमुना पार इलाका में भारी स्तर पऽ सीएए विरोधी हिंसा भइला के कारन सगरी सरकारी अउरी प्राइवेट स्कूल दू दिन खाती बन्द कऽ दिहल गइल बा। काल्ह अउरी अगिला दिने उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला में सीबीएससी बोर्ड के परीक्षा स्थगित कऽ दिहल ग इल बा। भारी हिंसा के कारन दिल्ली के कई गो जिलन में धारा 144 लगा दिहल गइल बा। सीएए विरोधी हिंसा में एगो पुलिसकर्मी समेत तीन आदिमी के मउत हो गइल बा। डीसीपी सहित सैकड़न लोगन घाव लागल बा।

Read More

सीएए विरोध ने नाम पऽ दिल्ली में बवाल: पेट्रोल पंप फूँकाइल

दिल्ली में सीएए के विरोध में बवाल

नई दिल्ली     सीएए के विरोध में नाम पऽ उत्तर पूर्वी दिल्ली में प्रदर्शनकारी भारी हिंसा कइले बाड़े। एह हिंसा में एगो पुलिसकर्मी के संगे तीन आदिमी के मउत हो गइल बा। डीसीपी सहित सैकड़न लोगन घाव लागल बा। भजनपुरा में उपद्रवी अपनी दंगाई सोच के परिचय देत एगो पेट्रोल पंप फूँक देले बाड़े। प्रत्यक्षदर्शीन के हिसाब से ई उपद्रवी सैकड़न गाडी, दोकान, अस्पताल अउरी लोगन के घरन में आग लगा देले बाड़े। एतवार के आधा रात से सीएए विरोधी प्रदर्शनकारी जाफराबाद में रोड रोक के धरना करत बाड़े। ई धरना…

Read More

दिल्ली के सीएए के विरोध में भइल दंगा में एगो पुलिसकर्मी के संगे तीन आदिमी के मउत

सीएए के विरोध के दिल्ली में दंगा

नई दिल्ली     पूर्वी दिल्ली के गोकुलपुरी इलाका में सीएए के विरोध में भइल दंगा में में एगो पुलिस संगे तीन आदिमी के मउत हो गइल बा। संगहीं पुलिसकर्मी के संगे सैकड़ो लोगन घाव लागल बा। एह दंगा में पुलिस हेड कांस्टेबल रतनलाल के मउत हो गइल बा। खबर के हिसाब से दंगाई दिल्ली पुलिस के डीसीपी के गाड़ी में आग लगा देले सऽ। एह उपद्रव में सैकड़न लोगन के बहुत बुरा तरह से घायल भ इल बाड़े। अउरी सैकड़न गाड़ी अउरी सम्पति के नोकान भइल बा। प्रत्यक्षदर्शीन के हिसाब से…

Read More

सीएए विरोधी करावल नगर में जमि के कइलें पत्थरबाजी

नागरिकता संशोधन अधिनियम सीएए विरोधी हिंसा

नई दिल्ली मौजपुर के बाद सीएए विरोधी एतवार राति में नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के खिलाफ नारा लगावत दिल्ली के करावल नगर में जम के पत्थरबाजी करुवन। ई लोग मौजपुर अउरी शाहीनबाग के पक्ष में नारा लगा के वाहन अउरी रास्ता में आवे वाला सामानन के तोड़फोड़ करत आगे बढ़ गउवन। ई भीड़ काल्ह जम के पथराव, तोड़-फोड़ अउरी मारपीट करुए। अनेक वाहनन के तुरल गइल बा। एह उपद्रव में पुलिस के संगे बहुते लोग घाही भइल बा। एह पत्थरबाजी में अनेक लोगन के कपार फूट गइल बा।

Read More

जाफराबाद-मौजपुर में जम के भइल पत्थरबाजी

जाफराबाद-मौजपुर में जम के भइल पत्थरबाजी

नई दिल्ली काल्ह शाहीन बाग के बाद जाफराबाद में नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के जेवन विरोध शुरू भइल रहुवे ऊ विरोध दुपहरिया बीतत-बीतत हिंसा, उपद्रव अउरी पत्थरबाजी पऽ उतर अउवे। जाफराबाद में बटोराइल ई भीड़ काल्ह सीएए समर्थकन अउरी पुलिस पऽ जम के पथराव, तोड़-फोड़ अउरी मारपीट करुए। अनेक वाहनन के तुरल गइल बा। एह उपद्रव में पुलिस के संगे बहुते लोग घाही भइल बा। एह पत्थरबाजी में अनेक लोगन के कपार फूट गइल बा। इतवार दोपहर के रोड खोलवावे खाती एगो भीड़ नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के विरोध करे वाली भीड़…

Read More