अमेरीका-तालिबान में समझउता, 14 महीना में अफगानिस्तान से सेना वापिस बोलाई अमेरीका

अमेरीका तालिबान शान्ति समझौता

दोहा कतर के राजधानी दोहा में आज अमेरीका अउरी  तालिबान के बीच लमहर समय से चलत बातचीत के बाद समझउता हो गइल। एह समझउता के हिसाब से अमेरीका अफगानिस्तान से आपन सैनिकन के अगिला चौदह महीना में वापस अमेरीका बोला ली। अमेरीकी राष्ट्रपति अपनी चुनाव प्रचार में अमेरीकी लोगन से वादा कइले  रहलन कि ऊ राष्ट्रपति बनला के बाद अफगानिस्तान से आपना सैनिकन से वापस बोला ली। ई शान्ति समझउता अमेरीका के विशेष प्रतिनिधि जालमे खलीलजाद अउरी तालिबान के कमांडर अब्दुल गनी बरादर के बीच भइल। अमेरीका के विदेश मंत्री…

Read More