अच्छा खबर : जिला में बुधवार के खाली कोवैक्सीन के सेकेंड डोज़ वाला लाभार्थियन के लागी वैक्सीन

अच्छा खबर : जिला में बुधवार के खाली कोवैक्सीन के सेकेंड डोज़ वाला लाभार्थियन के लागी वैक्सीन जिला के मिलल कोवैक्सीन के 10 हजार डोज, प्रखंड मुख्यालयन सहित शहर में चार जगहा होखी टीकाकरण धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरख, सारणः छपरा जिला में कोवैक्सीन के इंतजार करे वाला लाभार्थियन खातिर अच्छा खबर बा। आब जिला में बुधवार के कोवैक्सीन के सेकेंड डोज वाला लाभार्थियन के टीकाकरण कइल जाई। जिला स्वास्थ्य समिति के डीपीएम अरविन्द कुमार  बतवले कि कोवैक्सीन के सेकेंड डोज खातिर काफी समय से लोगन के इंतजार रहल ह।…

Read More

कोरोना वायरस के दूसरका लहर के बीचे मोदी कइले देश के संबोधित

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः  कोरोना वायरस के दूसरका लहर के बीचे  पीएम मोदी देश के संबोधित कइले। अपना संबोधन के शुरुआत में मोदी कोरोना वायरस के एह दूसरका लहर में आपन जान गंवावे वाला लोगन के प्रति आपन शोक जतवले आ एह दौरान ओह सभे कोरोना वारियर्स के सराहना कइले जे एह महामारी के घरी में आपन जिनगी के परवाह कइले बिना दिन रात लोग के सेवा में जुटल बा। पीएम मोदी जनता से निहोरा कइले कि हमनी के एह विकट इस्थिति में आपन धीरज नइखे छोड़े…

Read More

कोरोना पर भारी सतुआन

कोरोना महामारी देश के कुछ हिस्सा में अपना पूरा सबाब पर बा, ताण्डव मचवले बा, के कब एकरा चपेट में आ जाइ केहू नइखे जानत, एहतियात बरतल त जरूरी बटले बा, साथे साथ टीकाकरण भी चल रहल बा, उहो लगावल समय के जरूरत बा । एह धरा धाम पर कुछउ स्थायी नइखे, जे आइल बा ओके जहिं के परी। हं समय अनिश्चित बा। ई कोरोना भी जाइ, जहिं के परी, समय के पंक्षी कहाँ रुके वाला उ त उड़ते रही, अइसन समय में आइल सतुआन, उत्सवधर्मिता त हमनीके नश नश…

Read More