वैक्सीने बचाई कोरोना के संक्रमण से – सिविल सर्जन डॉ. जे. पी. सुकुमार

धर्मेंद्र पांण्डेय, भोजपुरी समय, मशरखः “वैक्सीन हीं कोरोना संक्रमण से बचायेगा” ई कहनाम बा बिहार के छपरा जिला के सिविल सर्जन डॉ. जेपी सुकुमार के। एगो पत्रकार वार्ता में डॉ. सुकुमार कहलन कि कोरोना टीकाकरण के लेके नागरिकन में जबरदस्त उत्साह देखल जा रहल बा। एकरा बावजूदो कुछ लोगन में भ्रम के स्थिति बनल बा। जिला में आ राज्यन में निःशुल्क टीकाकरण हो रहल बा। कोरोना से बचाव खातिर सबसे सशक्त उपाय टीकाकरणे बा। कोरोना के संभावित तीसरका लहर में टीकाकरण से लाभांवित लोगन में संक्रमण के आशंका बहुत कम…

Read More