करॉना पुरा दुनिया में फइलल, संक्रमितन के संख्या 30 हजार पार

corona virus

चीनी सरकारी अधिकारिन के हिसाब से करॉना वायरस से मरे वाला लोगन के संख्या 563 हो गइल बा। बाकिर टेनसेंट के एगो रिपोर्ट के हिसाब से ई संख्या 24 हजार से बेसी हो गइल बा। दुनिया भऽ के देशन के आधाकारिक आकाड़ा के हिसाब से सगरी दुनिया में अबले लगभग 30 हजार लोग करॉना वायरस से संक्रमित हो चुकल बा। समाचार एजेंसीन के हिसाब से लगभग 27 देशन में करॉना से संक्रमित मरीज पावल गइल बाड़े।

Read More