कोरोना वायरस के दूसरका लहर के बीचे मोदी कइले देश के संबोधित

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः  कोरोना वायरस के दूसरका लहर के बीचे  पीएम मोदी देश के संबोधित कइले। अपना संबोधन के शुरुआत में मोदी कोरोना वायरस के एह दूसरका लहर में आपन जान गंवावे वाला लोगन के प्रति आपन शोक जतवले आ एह दौरान ओह सभे कोरोना वारियर्स के सराहना कइले जे एह महामारी के घरी में आपन जिनगी के परवाह कइले बिना दिन रात लोग के सेवा में जुटल बा। पीएम मोदी जनता से निहोरा कइले कि हमनी के एह विकट इस्थिति में आपन धीरज नइखे छोड़े…

Read More

वाहन चेकिंग अभियान से त्रस्त दोकानदार लोग कइलस विरोध में दोकान बन्द

भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख(सारण): थाना पुलिस द्वारा बाजार क्षेत्र के महावीर चौक पर लॉकडाउन के दिन से ही वाहन चेकिंग अभियान चलवला से त्रस्त दोकानदार मंगर के सांझ के बेरा आपन आपन दोकान बंद क के एकर विरोध जतवलें। रउआ के बता दीं कि ई वाहन चेकिंग ईहां पहिले ना होत रहल हऽ। बाकि कोरोना वायरस संक्रमण के वजह से घोषित लॉकडाउन में जिला से आइल गोरखा बटालियन-1 के जवानन के लेके थानाध्यक्ष द्वारा पुलिस प्वांइट बनावल गइल रहे जवन बाद में वाहन चेकिंग प्वांइट के रूप में इस्तेमाल होखे लागल…

Read More

मैथिली-भोजपुरी अकादमी भी शुरु कइलस लॉकडाउन में फेसबुक पर लाइव कार्यक्रम

भोजपुरी समय, नई दिल्लीः देश दुनिया में कोरोना वायरस से फइल रहल महामारी से बचे खातिर जब दुनिया के कइगो देशन के संगे-संगे अपना देश भारत में भी लॉकडाउन लागल बा। त लॉकडकउन के एह समय में जब सारा दुनिया अपना-अपना घर में घेराइल बा अइसन में लोग घर में बइठले आपन काम कर रहल बा। एह दौरान लोग घर में रहत-रहत ऊबिया भी रहल बाड़ें। हालांकि एह दौरान तमाम छोट-बड़ संस्था सोशल मीडिया जइसे फेसबुक, यूट्यूब आदि पर अपना-अपना पेज भा चैनल के माध्यम से लाइव करा रहल बा…

Read More

का होई लॉकडाउन 3.0 के?

जब दुनिया भर में कोरोना वायरस से जंग छिड़ल बा, जहां बड़का बड़का सुपर पावर देश एकरा आगे आपन ठेहुना रोप देले बा। अइसन में हमनी के आपन देश भारत जदि आज कई देशन से बेहतर इस्थिति में बा त ई सभ सरकार के द्वारा लगावल लॉकडाउन के ही परिणाम बा। बाकिर जइसे जइसे समय बढ़त जाता लोग अब एह लॉकडाउन से ऊबीया रहल बा। खैर लोग के त कामे बा कुछ ना कुछ कहल। हम आ रउआ कुछ नइखीं सं कर सकत। चलीं ई सभ छोड़के आज के मुद्दा…

Read More

लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु

लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,पानापुर(सारण): सरकार से मिलल दिशा-निर्देश आ लॉकडाउन के दौरान विशेष छूट के बीचे प्रखंड के महम्मदपुर पंचायत में मनरेगा के अंतर्गत काम शुरू हो गइल बा।एह क्रम में खजूरी में मनोज सिंह के घर के लगे से धेनुकी बसहिया मुख्य मार्ग तक मिट्टीकरण योजना के शुभारंभ करत स्थानीय पंचायत के मुखिया अनिल कुमार सभ मजदूरन के मास्क आ डिटॉल साबुन उपलब्ध करवले। एकरा संगहीं सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करत काम करे के अपील भी…

Read More

सीमित संसाधन में ही अपना जरुरत के करीं पूरा- मुखिया संगम बाबा

सीमित संसाधन में ही अपना जरुरत के करीं पूरा- मुखिया संगम बाबा संकट के एह घड़ी में एक-दूसरा के सहयोग करीं- संगम बाबा भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, पानापुर (सारण): कोरोना वायरस से बचाव खातिर लॉकडाउन के समय जइसे-जइसे बढ़त जा रहल बा, वइसे वइसे आम लोगन के समस्या भी बढ़त जा रहल बा। अइसन में जन प्रतिनिधि लोग अपना अपना स्तर पर जनता के बीच राहत सामग्री पहुंचावे में जुटल बाड़े। एही क्रम में इसुआपुर के मुखिया संगम बाबा लगातार लोग के बीच राहत सामग्री पहुंचावे में लागल बाड़ें। मुखिया…

Read More

कोरोना महामारी के चलते बिलखत प्रवासी मेहनतकश

ई रोटी इंसान से का का ना करवावेले एहि रोटी के पाछे आदमी कबो गिरमिटिया बनी जाला त कबो झरिया के कोइला के खाद्दान में कुछ पइसा खातिर जिनिगी के दाव पर लगा देला, त कबो दिल्ली, सूरत, मुंबई, पंजाब अउरी दुनिया जहान में छीटा जाला आपन घर परिवार के निमन जिनिगी खातिर l आफत बिपत कबो अकेले ना आवे उ अपना साथे लेले आवेला अउरी तरह तरह के समस्या । लेकिन सभकर धियान मूल समस्या की ओर जियादा रहेला ओहि के सभे तबज्जो देला ओकरा से जुड़ल समस्या के…

Read More

लॉक डाउन से निफिक्र रसूखदार

के जानता नियति के नियत के ? कोरोना बेमारी के बारे में इ कहल बेजाँय त नहिये कहाई आजु काल के हालात के देखि के । सगरी संसार के ई बेमारी ध के पटक देले बिया भुइँया लोट के छटपटइला के सिवा खाली एकही रस्ता बतावता दुनियाँ के जान बचावे में माहिर जनकार लोग की साफ़ सफाई से एकन्ता दुरी बना के रहे से ही जान बाँची । ना केहू बहरी से आवो ना बिना कवनो खूबे जरूरी काम के केहू घर के चौखट लाँघो। तबे बाँची जिनिगी । अइसन…

Read More

लॉकडाउन के दौरान सोशल डिस्टेंशिंग आ लॉकडाउन में घर में ही रहे खातिर लोग के मशरख प्रखंड के उप प्रखंड प्रमुख सरपंच संघ के अध्यक्ष के संगे कइले बइठक

लॉकडाउन के दौरान सोशल डिस्टेंशिंग आ लॉकडाउन में घर में ही रहे खातिर लोग के मशरख प्रखंड के उप प्रखंड प्रमुख सरपंच संघ के अध्यक्ष के संगे कइले बइठक भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशरख(सारण): छपरा के मशरख में मशरख प्रखंड के उप प्रखंड प्रमुख साहेब हुसैन उर्फ टुनटुन शनिचर के मशरख सरपंच संघ के अध्यक्ष लालबाबू राय के संगे एगो बइठक कइलें। एह बइठक में कोरोना वायरस से फइल रहल महामारी से बचाव के उपाय के रुप में सरकार आ स्वास्थय संगठनन के द्वारा जारी दिशानिर्दश के मोताबिक सोशल डिस्टेंसिंग के…

Read More

मशरख में लॉकडाउन में नियम उल्लंघन कइला पर तीनगो राशन दोकान पर भइल पुलिस करवाई

मशरख में लॉकडाउन में नियम उल्लंघन कइला पर तीनगो राशन दोकान पर भइल पुलिस करवाई भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशरख(सारण): कोरोना वायरस से संक्रमण के चलते देश भर में 25 मार्च से लागू लॉकडाउन के दौरान जनता के कवनो जरुरी सामान के कमी ना होखे आ कवनो प्रकार के परेशानी ना हो एकर सरकार के द्वारा हर स्तर पर ध्यान राखल जा रहल बा। एही कड़ी में बिहार सराकर के द्वारा मिलल दिशा-निर्देश के आधार पर छपरा जिला प्रशासन के द्वारा पूरा जनपद में जरुरी सामान के सप्लाई करे वाला दोकानन…

Read More