लद्दाख भारत चीन सीमा विवाद के कारण सोमार रात के पूर्वी लद्दाख ले गलवान घाटी में चीनी सेना के धोखा दिहला के कारन भारत के एगो कर्नल समेत 23 जवान सीमा पऽ शहीद हो गइल बाड़े। चीनी सेना समझौता के बाद धोखा दे के भारतीय सैनिकन पऽ पीछे से पत्थर, कंटइला तार के लाठी से रात के अंधेरा में भारतीय पेट्रोल पार्टी पऽ हमला कऽ दिहलस। एह हमला बिहार रेजीमेंट के कर्नल संतोष बाबू अउरी हवलदार आ सिपाही वीरगति के प्राप्त कइले बाड़े।
Read More