अभिनेता सुशान्त सिंह राजपूत कइलें आत्महत्या

मुम्बई हिन्दी फिल्म अभिनेता सुशान्त सिंह राजपूत मुम्बई के फ्लैट में आत्महत्या कऽ ले ले बाड़े। लोगन के कहनाम बा कि सुशान्त पिछिला कुछ समय से अवसाद में रहलन हँ। आत्महत्या के समय उनकरी घर में उनकर कुछ दोस्त संगहीं रहलन। उनकर नौकर पुलिस के फोन कऽ के उनकरी आत्महत्या के सूचना दिहलस। सुशान्त एम एस धोनी, सोनचिरया जइसन फिल्मन में काम कइले रहलन। सुशान्त के जनम 1986 में बिहार में भइल रहे। ऊ दिल्ली के दिल्ली कॉलेज ऑफ इंजिनियरिंग से पढ़ाई कइले रहलन। उनकरी परिवार में उनकरी पिता के…

Read More

निसर्ग चक्रवात से महाराष्ट्र, गुजरात प्रभावित

मुम्बई निसर्ग चक्रवात आज दोपहर बाद में महाराष्ट्र पहुँच गइल बा। मुम्बई में एह तुफान के कारन बहुत सारा फेड़ रुख गिर गइल बा अउरी लगातार बरखा हो रहल बा। मौसम विभाग के हिसाब से मुम्बई में निसर्ग तुफान के असर आज साँझ 6 बजे ले रही। एसे सरकार एतिहातन लोगन के घर में रहे के कहले बे। आज निसर्ग तुफान मुम्बई शहर से 120 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से टकराइल हऽ। गुजरात में एह तुफान के वजह से बहुत तेज हवा अउरी बारिश हो रहल बा। एगो ट्वीटर…

Read More

कोरोना वायरस: महाराष्ट्र में कर्फ्यू मरीजन के संख्य बढ़ि के भइल 86, 3 मरीजन के मउत

उद्धव ठाकरे

मुम्बई कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के देखत महाराष्ट्र सरकार पूरा महाराष्ट्र में कर्फ्यू लगा देले बे। सगरी देश में महाराष्ट्र में कोरोना के सभसे बेसी मरीज बाड़े। मरीजन के संख्या बढ़ि के 86 हो गइल बा तऽ ओहीजा 3 गो मरीजन के मउत हो गइल। महाराष्ट्र में बाकी राज्यन नियर लॉकडॉउन लागू भइल रहल हऽ बाकिर लोग सड़क पऽ निकलल बन्द ना करत रहल हऽ। राज्य सरकार के मजबूरन महाराष्ट्र के सगरी जिलन में कर्फ्यू लगावे पड़ल हऽ। लोगन के असुविधा ना होखे ए खाती जरूरी चीझन के दोकानऽआ…

Read More

कोरोना के कारन आईपीएल 18 अप्रैल ले स्थगित

IPL Postponed

मुम्बई कोरोना के महामारी घोषित भइला के बाद लगभग आधा देश बन्द हो गइल। कोरोना के बढ़त प्रकोप के कारन आईपीएल के 13वां एडिशन आयोजन मार्च से टाल के 15 अप्रैल शुरू करे के योजना बनल बा। कोरोना वायरस प्रकोप के कारन भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) काल्ह शुक के मीटिंग में आईपीएल अब 29 मार्च के बदले 15 अप्रैल से शुरू करे निरनय लिहुवे। 🚨Announcement🚨: #VIVOIPL suspended till 15th April 2020 as a precautionary measure against the ongoing Novel Corona Virus (COVID-19) situation. More details ➡️ https://t.co/hR0R2HTgGg pic.twitter.com/azpqMPYtoL —…

Read More

कोरोना: भारत – साउथ अफ्रीका वनडे सीरीज के बाकी के दुन्नू मैच रद्द

India-South Africa ODI Series Rescheduled

मुम्बई कोरोना वायरस प्रकोप के कारन भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के काल्ह दिन शुक के मीटिंग भउवे। एह मीटिंग में बीसीसीआई भारत अउरी अफ्रीका के बीच होखे वाला तीन वनदे मैचन के सीरीज के बाकी के दूगो मैच रद्द कऽ देले बे। 12 मार्च के धर्मशाला में होखे वाला पहिला वनडे मैच बारिश के कारन रद्द हो गइल रहे। दूसरा मैच 15 मार्च के लखनऊ में होखे वाला रहल हऽ तऽ तीसरा मैच 18 मार्च के कोलकाता में प्रस्तावित रहल हऽ। NEWS: BCCI, CSA announce the rescheduling of the…

Read More

महाराष्ट्र में कोरोना संक्रमण के कारन आपदा कानून लागू

कोरोना वायरस

मुम्बई महाराष्ट्र में कोरोना संक्रमण के बढ़त संख्या के कारन महाराष्ट्र सरकार आपदा कानून लागू कऽ देले बे।संगही सरकार अब लोगन के समूह में एकत्रित होखे अनुमति ना देई। महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे मुम्बई के अलावा महाराष्ट्र के 4 गो शहरन नवी मुंबई, पुणे, पिम्परी चिंचवाड़ अउरी नागपुर में स्कूल, सिनेमा हॉल, ऑडिटोरियम, स्विमिंग पूल अउरी जिम बंद करे के घोषणा कइलें ह। महाराष्ट्र में अबले कोरोना संक्रमण के 17 गो ममिला सोझा आइल बा।

Read More

कोरोना के डर से आधा भारत बंद, मुम्बई में सिनेमा हॉल, जिम बन्द

coronavirus outbreak कोरोना वायरस

नई दिल्ली देश भर से जेवन सूचना आ रहल बाड़ी सऽ ओह हिसाब से अबले देश के लगभग आधा हिस्सा कोरोना से प्रभावित हो चुकल बा। मुम्बई के अलावा महाराष्ट्र के 4 गो शहरन नवी मुंबई, पुणे, पिम्परी चिंचवाड़ अउरी नागपुर में स्कूल, सिनेमा हॉल अउरी जिम बंद करे आदेश जारी हो गइल बा। दिल्ली में पहिलहीं से सगरी स्कूल, कॉलेज अउरी सिनेमा हॉल 31 मार्च ले बन्द कऽ दिहल गइल बा। सगरी देश में अबले कोरोना से संक्रमण के कुल्ह 83 गो ममिला सोझा आइल बा। कर्नाटक में एगो…

Read More

30 घंटा के पूछताछ के बाद ईडी यस बैंक के सह संस्थापक राणा कपूर गिरफ्तार

rana kapoor arrest यस बैंक

मुम्बई यस बैंक से संबन्धित वित्तीय अनियमितता के संबन्ध ईडी यस बैंक के सह संस्थापक राणा कपूर से लगातार 30 घंटा के पूछताछ कइला के बाद उनके गिरफ्तार कऽ ले ले बे। संगहीं उनकरी घर पऽ चल रहल जांच चल रहल बे। ई जांच डीएचएफएल के संबन्धित मनी लाउंडरिंग के ले हो रहल बा। आरोप बा कि डीएचएफएल तकरीबन 600 करोड़ रुपया राणा कपूर अउरी उनकरी दू गो बेटिन के डमी कम्पनी के दिहल गइल बा। यस बैंक डीएचएफएल के 4,450 करोड रुपिया के लोन देले बा। डीएचएफएल पऽ आरोप…

Read More

शूटिंग वर्ल्ड कप टलल, ओलम्पिक क्वालिफायर्स रद्द, आईपीएल 2020 पऽ शुबहा

बीसीसीआई आईपीएल

मुम्बई कोरोना वायरस संक्रमण के देखत भारत में होखे वाला शूटिंग वर्ल्ड कप मई ले टल गइल बा। ओहीजा टोकियो ओलम्पिक के क्वालिफायर्स रद्द हो गइल बा। कोरोना वायरस के प्रभाव के देखत अब शुबहा जतावल जाता कि हो सकेला कि मार्च के आखिर में होखे वाला अगिला क्रिकेट आईपीएल 2020 टल सकेला। हालाँकि बीसीसीआई के अध्यक्ष पूर्व भारतीय कप्तान सौरभ गांगुली काल्ह शुक के अपनी बयान में कहल कि आईपीएल के 29 मार्च के अपना समय से शुरू होई। एह खाती सभकरा से बात हो रहल बा अउरी बीसीसीआई…

Read More