हैदराबाद से मजदूर के शव गांवे अइला के बाद गांव में फइलल मातम

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय,भटकेशरी, सारण: बीतल शुक्रवार दिनांक 18 दिसंबर 2020 के हैदराबाद में निर्माणाधीन पावर प्लांट के चिमिनी से गिरके भटकेशरी निवासी गली प्रसाद के बेटा रमेश प्रसाद के मौत हो गइल रहे। आज जब रमेश के लाश उनकरा पैतृक गांव भटकेशरी पहुंचल त रमेश के परिवार के संगे संगे पूरा गांव में दुख आ गम के लहर पसर गइल। बता दीं की रमेश अपना माई बाबूजी के एकलौता कमाऊ संतान रहले। रमेश अपना पीछा पत्नी गीता देवी , चारगो बेटी आ दूगो बेटा के छोड़ गइल बाड़े।…

Read More

लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु

लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,पानापुर(सारण): सरकार से मिलल दिशा-निर्देश आ लॉकडाउन के दौरान विशेष छूट के बीचे प्रखंड के महम्मदपुर पंचायत में मनरेगा के अंतर्गत काम शुरू हो गइल बा।एह क्रम में खजूरी में मनोज सिंह के घर के लगे से धेनुकी बसहिया मुख्य मार्ग तक मिट्टीकरण योजना के शुभारंभ करत स्थानीय पंचायत के मुखिया अनिल कुमार सभ मजदूरन के मास्क आ डिटॉल साबुन उपलब्ध करवले। एकरा संगहीं सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करत काम करे के अपील भी…

Read More

भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में

भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में भोजपुरी समय, मंटू तिवारी,भटकेसरी(सारण): कोरोना वायरस से बचाव आ एह वायरस से ग्रस्त लोगन के बचाव खातिर इसुआपुर प्रखंड के मुखिया लोग के द्वारा एक साल के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान दिहला के बाद अब छपरा के ही जलालपुर प्रखंड के भटकेसरी पंचायत के मुखिया श्रीराम राय आपन तेरह महीना के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान देवे के घोषणा कइले बाड़ें। एह क्रम में मुखिया प्रतिनिधि विकास राय बतवले कि मुखिया…

Read More

कोरोना से जंग में इसुआपुर प्रखंड के मुखिया संघ अध्यक्ष संगम बाबा संगे सभ मुखिया लोग दिही आपन एक साल के भत्ता

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): कोरोना वायरस से दुनिया के संगे संगे देश भर मे फइलल महामारी से बचाव खातिर जहां शासन-प्रशासन अपना अपना स्तर पर लागल बा ओहिजा बिहार के छपरा जिला के इसुआपुर प्रखंड के अंतर्गत आवे वाला सगरी पंचायत के मुखिया लोग भी अपना अपना स्तर पर सरकार के सहायता करे में जुट गइल बाड़न। पत्रकारन से बातचीत में इसुआपुर प्रखंड के मुखिया संघ के अध्यक्ष संगम बाबा बतवलें हं कि इसुआपुर के सभ पंचायतन के मुखिया लोग के द्वारा एक-एक साल के भत्ता मुख्य्मंत्री आपदा राहतकोष…

Read More