हैदराबाद से मजदूर के शव गांवे अइला के बाद गांव में फइलल मातम

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय,भटकेशरी, सारण: बीतल शुक्रवार दिनांक 18 दिसंबर 2020 के हैदराबाद में निर्माणाधीन पावर प्लांट के चिमिनी से गिरके भटकेशरी निवासी गली प्रसाद के बेटा रमेश प्रसाद के मौत हो गइल रहे। आज जब रमेश के लाश उनकरा पैतृक गांव भटकेशरी पहुंचल त रमेश के परिवार के संगे संगे पूरा गांव में दुख आ गम के लहर पसर गइल। बता दीं की रमेश अपना माई बाबूजी के एकलौता कमाऊ संतान रहले। रमेश अपना पीछा पत्नी गीता देवी , चारगो बेटी आ दूगो बेटा के छोड़ गइल बाड़े।…

Read More

लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु

लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,पानापुर(सारण): सरकार से मिलल दिशा-निर्देश आ लॉकडाउन के दौरान विशेष छूट के बीचे प्रखंड के महम्मदपुर पंचायत में मनरेगा के अंतर्गत काम शुरू हो गइल बा।एह क्रम में खजूरी में मनोज सिंह के घर के लगे से धेनुकी बसहिया मुख्य मार्ग तक मिट्टीकरण योजना के शुभारंभ करत स्थानीय पंचायत के मुखिया अनिल कुमार सभ मजदूरन के मास्क आ डिटॉल साबुन उपलब्ध करवले। एकरा संगहीं सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करत काम करे के अपील भी…

Read More