रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर ऑनलाइन कवि सम्मेलन में बहल काव्य रसधार

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहला उपन्यासकार आ सुप्रसिद्धभोजपुरी साहित्यकार स्वर्गीय रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर सारण भोजपुरिया समाज के संगे-संगे भोजपुरी भाषा के सेवा में लागल तमाम संस्था अपना अपना स्तर पर ऑनलाइन कार्यक्रम के आयोजन कइली सं। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु पांडेय बतवनी कि संस्था के द्वारा रामनाथ पांडेयजी के निवास स्थान पर एगो श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल रहल हऽ जहां श्रद्धांजलि दिहला के बाद पांडेयजी के निवास स्थान से दिवाकर उपाध्याय आ लोकगायक शैलेश समदर्शी अपना निर्गुण गीतन…

Read More

भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथी पर आयोजित भइल समारोह

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के जयंती 8 जून से लेके पुण्यतिथि 16 जून तक सोशल मीडिया के माध्यम से कइगो आयोजन भइल हऽ। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के वाट्सएप ग्रुप पर देर रात तक कविता-कहानी, गीत-गजल के दौर चलल त ओहिजा फेसबुक पेज पर भी लाइव कार्यक्रम भइल। सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु भूषण पांडेय बतवलन कि सारण भोजपुरिया समाज के द्वारा स्वर्गीय रामनाथ पाण्डेय के रतनपुरा स्थित निवास पर श्रद्धांजलि कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह मौका पर सारण…

Read More

भोजपुरी भाषा जागरण के अग्रदूत रामनाथ पांडेय। – डॉ०जौहर शफियाबादी

भोजपुरी भाषा के पहिला उपन्यासकार स्वर्गीय पं रामनाथ पांडेय के आज पुण्यतिथि बा। आजुए साल 2006 में ऊंहां के एह संसार से विदा लिहले रहनी। आज ऊंहा के पुण्यतिथि पर भोजपुरी आ हिन्दी के संगे संगे उर्दू के विद्वान सुप्रसिद्ध साहित्यकार गज़लकार आ डॉ डॉ. पी.एन. सिंह कॉलेज छपरा में उर्दू विभागाध्यक्ष डॉ. जौहर शफियाबादी जी अपना लेखनी से आदरणीय पांडेय जी के आपन श्रद्धांजलि अर्पित कर रहल बानी। भोजपुरी भाषा जागरण के अग्रदूत रामनाथ पांडेय। (डॉ०जौहर शफियाबादी) भोजपुरी गद्य साहित्य के नया दशा-दिशा प्रदान करे वाला भोजपुरी के पहिला…

Read More