भारत के रक्षा खातिर दोसरा पर निर्भर नइखे रहल जा सकत-राजनाथ सिंह, रक्षा उत्पादन बढ़ावे पर दिहले जोर

बेंगलुरु, समाचार डेस्क, भोजपुरी समयः रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह मंगलवार के डिफेंस प्रोडक्शन के बढ़ावे पर जोर देत कहलें कि भारत अपना रक्षा खातिर दोसरा देशन पर निर्भर नइखे रह सकत। राजनाथ हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड (एचएएल) के दूसरा एलसीए-तेजस प्रोडक्शन फैसिलिटी के  उद्घाटन समारोह में ई बात कहलें। एह उत्पादन फैसिलिटी के उद्घाटन केंद्रीय रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कइले। एह मौका पर ऊ कहलें कि भारत ‘आत्मनिर्भर भारत अभियान’ के तहत अपना रक्षा उत्पादन क्षमता के बढ़ावे के दिशा में बढ़ रहल बा। राजनाथ कहलें कि ‘भारत अपना रक्षा खातिर दोसरा देशन पर…

Read More

इंग्लैंड के खिलाफ दो टेस्ट खाती टीम इण्डिया के घोषणा

भोजपुरी समय, खेल डेस्क भारत के मेजबानी में इंग्लैंड खिलाफ होखे वाला चार टेस्ट के सीरीज के पहिला दू टेस्ट खाती बीसीसीआई के चयन समिति टीम इण्डिया के घोषणा कऽ देले बे। पहिला टेस्ट 5 से 9 फरवरी अउरी दूसरा टेस्ट 13 से 17 फरवरी चैन्नै के एमए चिदम्बरम स्टेडियम में होई। तीसरा आ चौथा टेस्ट अहमदाबाद के मोटेरा स्टेडियम में 24 से 28 फरवरी आ 4 से 8 मार्च के बीच होई। टीम: विराट कोहली (कप्तान), रोहित शर्मा, मयंक अग्रवाल, शुभमन गिल, चेतेश्वर पुजारा, अजिंक्य रहाणे (उपकप्तान), केएल राहुल,…

Read More

भारत 2-1 से जीतलस ऑस्ट्रेलिया सीरीज

भोजपुरी समय, खेल डेस्क ब्रिस्बेन के गाबा मैदान में टीम इण्डिया जबरजस्त खेल के प्रदर्शन करत इतिहास रचि देले बे। भारतीय क्रिकेट टीमअजिंक्य रहाणे के कप्तानी में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 2-1 टेस्ट सीरीज जीत लेले बा। भारत लगातार दूसरी बेर टेस्ट सीरीज में ऑस्ट्रेलिया के ऑस्ट्रेलिया में हरवले बा। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अन्तिम आ चौथा मैच के पाँचवा दिने टीम इण्डिया मजबूती से खेलत 3 विकेट से मैच जीतलस।ॠषभ पंत के बिना ऑउट भइले 89 रन बनवला खाती मैन ऑफ द मैच अउरी ऑस्ट्रेलिया के पैट कम्मिन्स के मैन ऑफ…

Read More

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ टीम इण्डिया जीत के ओर

भोजपुरी समय, खेल डेस्क ब्रिस्बेन के गाबा मैदान में टीम इण्डिया जबरजस्त खेले के प्रदर्शन करत इतिहास रचे के मोहाना पऽ खड़ा बे। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अन्तिम आ चौथा मैच के पाँचवा दिने टीम इण्डिया मजबूती से खेल रहल बे। 75 ओवर में तीन विकेट गवाँ के भारत अबले 218 रन बना ले ले बा। भारत के जीते खाती अब 112 रन  अउरी बनावे के बा। चेतेश्वर पुजारा 52 रन अउरी ऋषभ पंत 32 रन बना के खेल रहल बाड़े। भारत पहिला पारी में ऑस्ट्रेलिया के 369 रन के खिलाफ…

Read More

लद्दाख: सीमा पऽ भारत-चीन में तनाव बढ़ल

लद्दाख लद्दाख में भारत-चीन के सीमा पऽ जारी विवाद के घटे के बदले बढ़त नजर आवता। भारत अउरी चीन दून्नू अपना-अपना ओर सैनिक अउरी सैन्य सामान बढ़ा रहल बाड़े। भारत अउरी चीन के ओर से एह तनाव के कम करे के परियास हो रहल बा। एह खाती बातचीत चल रहल बा। बाकिर चीन के रुख सकारात्मक नइखे। अपनी विस्तारवादी नीति के कारन आज चीन अपना सगरी पड़ोसी देशन के संगे सीमा विवाद में फंसल बा। भारत, ताइवान, सिंगापुर अउरी वियतनाम के संगे चीन के रोज के झगरा बा।

Read More

नेपाल के विवादित नक्शा के मुख्य विपक्षी दल के समर्थन

नई दिल्ली विपक्ष के समर्थन के बाद नेपाल के के पी शर्मा ओली सरकार के प्रस्तावित विवादित नक्शा खाती होखे वाला संवैधानिक संशोधन के पास कर के रास्ता अब साफ हो गइल बा। नेपाल के मुख्य विपक्षी पार्टी नेपाली कॉग्रेस एह नक्शा खाती होखे वाला संविधान संशोधन के समर्थन कऽ देले बा। राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी (आरपीपी), समाजवादी जनता पार्टी नेपाल अउरी राष्ट्रीय जनता पार्टी नेपाल पहिलहीं से एकरा समर्थन रहली हऽ सऽ। मालूम होखे के चाहीं कि नेपाल के नवका प्रस्तावित नक्शा में भारत के तीन गो इलाका कालापानी, लिंपियाधुरा…

Read More

लद्दाख में सीमा पऽ भारत-चीन में तनाव जारी

लद्दाख ओपन सोर्स इंटेलिजेंस अनैलिस्ट Detresfa के जारी कइल ताजा सैटलाइट फोटो के हिसाब से चीन के सेना पीपल्स लिबरेशन आर्मी (PLA) लद्दाख में आपन सैन्य गतिविधि बढ़ा रहल बे। चीनी सेना पैंगॉन्ग सो अउरी गोगरा इलाका के सोझा आपन पोजीशन लेले बिया। चीन के गतिविधि के देखत भारत एह क्षेत्र में अपना सैनिकन के संख्या बढ़ा देले बा। हालाँकि कुछ दिन पहिले चीन भारत के संगे गतिरोध कम करे के संकेत देले रहे बाकिर ई लागत बा कि चीन के गतिरोध कम करे के बाद खाली एगो डाइवर्जन रहल…

Read More

कोरोना ममिला में भारत दुनिया भर से आपन नागरिकन के कर रहल बा रेस्क्यू

India Rescues its nationals

नई दिल्ली भारत कोरोना वायरस संक्रमण के कारन सगरी दुनिया से संक्रमित देशन में से अपना नागरिकन के निकाले के भरपूर परियास करत बा। एह दिसाईं भारत काल्ह अपना 234 नागरिकन के इरान से निकाल के भारत ले अउवे। एही तरे भारत अपनी नागरिकन के चीन अउरी बाकी देशनो से आपन नागरिकन के रेस्क्यू करे में सफल बा। भारत पिछिला महीना वुहान से आपन लगभग सगरी नागरिकन के निकाले में सफल रहल बा। All Smiles. Finally flying Home. Thank you to everyone for their efforts and making this possible. @India_in_Iran…

Read More

यूरोपियन संसद में सीएए विरोधी प्रस्ताव पऽ वोटिंग मार्च ले टलल

ब्रूसेल्स यूरोपियन संसद सीएए विरोधी प्रस्ताव पऽ वोटिंग मार्च ले टाले के निरनय ले ले बिया। ई भारत खाती एगो कूटनीतिक जीत बा। मालूम होखे कि यूरोपियन संंसद के कुछ सदस्य सीएए के खिलाफ वोटिंग प्रस्तावित कइले रहलें हँ अउरी ओही विषय पऽ बुधवार के वोटिंग होखे वाला रहल हऽ। बाकी सदस्यन के माँग पऽ ई वोटिंग मार्च ले टाल दिहल गइल बा। जेवना बेरा ई प्रस्ताव संसद के पटल पऽ पेश भइल ओह समय 483 प्रतिनिधि मौजूद रहूवन। 271 सदस्य वोटिंग के तारिख बढ़ावे खाती तऽ 199 एकरा विरोध…

Read More

अंडर-19 वर्ल्ड कप में भारत 9वां बेर सेमीफाइनल में चंहुपल

अंडर-19 वर्ल्ड कप में भारत 9वां बेर सेमीफाइनल में चंहुपल, ऑस्ट्रेलिया के 74 रन से हरवलस; अब पाकिस्तान से हो सकता मैच भोजपुरी समय, खेल डेस्कः भारत दक्षिण अफ्रिका में चल रहल अंडर-19 वर्ल्ड कप के क्वार्टरफाइनल में ऑस्ट्रेलिया के 74 रन से हरा दिहले बा। एह जीत के संगहीं टीम इंडिया टूर्नामेंट के इतिहास में नउंवां बार सेमीफाइनल में चंहुपे में कामयाब रहल। अब सेमीफाइनल में भारत के मुकाबला पाकिस्तान या अफगानिस्तान से हो सकत बा। दुनों टीमन के बीच चउथा क्वार्टरफाइनल 31 जनवरी को होखे के बा। भारत के सेमीफाइनल मैच 4…

Read More