गोपालगंज के लइका कइले कमाल, गांवें में बनवले हेलीकॉप्टर

एस के साधु, भोजपुरी समय, गोपालगंजः अगर मन में हौसला होखे आ कुछ करे के जज्बा त आदमी कुछु कर सकत बा। फेर ऊ समुद्र पर पुल बान्हे के काम होखे चाहे हवा में उड़े वाला हेलीकॉप्टर बनावे के काम। एही बात के चरितार्थ करत बिहार के गोपालगंज जिला के बरौली प्रखण्ड के बेलसड़ गांव के दुगो अनपढ़ लइका कुछ अइसन काम कइले बाड़े जवना के बारे में जान के सभे दांते अंगुरी काट रहल बा। धुन के पक्का बेलसड़ गांव के रहे वाला अमरजीत पासवान आ उनकर संघतिया धर्मेन्द्र,…

Read More

भटकेशरी के फिल्म कलाकार सहदेव साथी के मिलल भिखारी ठाकुर सम्मान

राम प्रकाश तिवारी,भोजपुरी समय, भटकेशरी, सारणः भोजपुरी के शेक्सपियर के नाम से विश्वविख्यात प्रसिद्ध भोजपुरिया नाटककार आ लोक कलाकार स्वर्गीय भिखारी ठाकुर के 133 वां जयंती देश विदेश के संगे संगे भिखारी ठाकुर के पैतृक गांव कुतुबपुर में बहुते धूमधाम से मनावल गइल। एही क्रम में कुतुबपुर में आयोजित एगो समारोह में गड़खा से विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव के द्वारा भोजपुरी फिल्मन के उभरत कलाकार सहदेव साथी के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल लोग। बता दीं कि सहदेव साथी सारण…

Read More

पटना में दीप प्रज्जवलन के संगे दिल्ली से अमित शाह के वर्चुअल रैली के भइल शुरुआत

भोजपुरी समय, पॉलिटिकल डेस्क, नई दिल्लीः बिहार विधानसभा के चुनाव के सुगबुगाहट अब गते गते तेज होत जा रहल बा। एह क्रम में आज बीजेपी के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के पहिलका वर्चुअल रैली के आज पटना में पार्टी कार्यालय में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी आ बिहार के प्रदेश अध्यक्ष के द्वारा दिया जरावला के संगे हो गइल बा। एह दौरान नई दिल्ली इस्थित बीजेपी मुख्यालय में अमित शाह के संगे संगे पटना से सांसद आ केंद्र सरकार में कैबिनेट मंत्री रविशंकर प्रसाद आ तमाम…

Read More

तेजस्वी यादव कइलें सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग

भोजपुरी समय, पटना डेस्कः गोपालगंज में कुछ दिन पहिले भइल तिहरा हत्याकांड के लेके आक्रामक तेवर अपना चुकल नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आज गोपालगंज मार्च के आह्वाहन कइले रहले हं। जेकरा के प्रशासन के सख्त रुख संभवना होखे दिहलस। एकरा बाद बिहार विधानसभा अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी से मुलाकात के बादो एह मामला में नरम नइखन पड़ल। तेजस्वी यादव स्पीकर विजय चौधरी से मुलाकात के बाद कहले कि विधानसभा अध्यक्ष से ऊ सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग कइले बानी। तेजस्वी यादव कहले हं कि बिहार में कानून व्यवस्था…

Read More

मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे पुलिस मारपीट मामला अपडेट-मारपीट करे वाला एएसआई भइले निलंबित

मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे पुलिस मारपीट मामला अपडेट-मारपीट करे वाला एएसआई भइले निलंबित भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज सबेरे मशरक पीएचसी में कार्यरत आरबीएस चिकित्सक से मारपीट के घटना के सामने अइला आ सोशल मीडिया एवं मुख्य मीडिया में एह घटना के प्रकाशित भइला के  बाद सारण के एसपी के आदेश पर मढ़ौरा डीएसपी जांच के बाद आपन रिपोर्ट सारण एसपी हरिकिशोर राय के सौप दिहलें बाड़ें। ओहिजा डीएसपी के रिपोर्ट पर तुरंत एक्शन लेत सारण के एसपी हरिकिशोर राय तत्काल प्रभाव से संबंधित एएसआई के निलंबित…

Read More

मशरख प्रखंड में जनप्रतिनिधि आउर अधिकारीयन के संगे मुख्यमंत्री कइलें विडियो कांफ्रेंसिंग

मशरख प्रखंड में जनप्रतिनिधि आउर अधिकारीयन के संगे मुख्यमंत्री कइलें विडियो कांफ्रेंसिंग भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज सूबा के मुख्यमंत्री नितीश कुमार प्रखण्ड के सब अधिकारी आ जनप्रतिनिधि के संगे विडियो कॉन्फ्रेंसिंग कइलन। एह विडियो कॉन्फ्रेंसिंग में मुख्यमंत्री बतवलेंह कि सरकार कोरोना वायरस के महामारी के एक बहुत बड़ आपदा के नजर से देखत बा,  आउर क्वारेंनटाइन सेंटर पर रहे वाला लोग के खानपान आ बाकी वयवस्था खातिर आपदा प्रबंधन बिभाग के जिम्मेदारी संउपल गइल बा। एह काम खातिर पंचम राज्य वित् आयोग से राशि पंचायत के माध्यम से…

Read More

मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे सहाजितपुर पुलिस कइलस खूब मारपीट

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज जहां दिल्ली आ दोसरा राज्यन में काम करे वाला स्वास्थय कर्मीयन आ डॉक्टर लोग के सरकार के ओर से आ जनता के ओर से कोरोना के खिलाफ लड़ाई में पूरा सहयोग आ समर्थन मिल रहल बा ओहिजा बिहार के छपरा में अपना डियूटी पर जा रहल डॉक्टर के बिहार पुलिस के एगो सहायक उपनिरिक्षक जम के पीट दिहलें। जानकारी के मोताबिक ई घटना आज सबेरे ओह बेरा भइल जब मशरक पीएचसी में काम करे वाला आरबीएस डॉक्टर संजीव कुमार सिंह गांव में आइशोलेशन कैंप…

Read More

भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में

भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में भोजपुरी समय, मंटू तिवारी,भटकेसरी(सारण): कोरोना वायरस से बचाव आ एह वायरस से ग्रस्त लोगन के बचाव खातिर इसुआपुर प्रखंड के मुखिया लोग के द्वारा एक साल के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान दिहला के बाद अब छपरा के ही जलालपुर प्रखंड के भटकेसरी पंचायत के मुखिया श्रीराम राय आपन तेरह महीना के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान देवे के घोषणा कइले बाड़ें। एह क्रम में मुखिया प्रतिनिधि विकास राय बतवले कि मुखिया…

Read More

बिहार के बढंती में नेता लोग के महान योगदान बा- एगो व्यंग्य

बिहार के वर्तमान दशा आ दिशा पर दिलीप पैनाली जी के एगो व्यंग्य बिहार का नेताजी लोगन आ कुछ विशिष्ट प्रजाति के जनमानस लोगन का अथक प्रयास से उन्नति के राह बंद होके एह राज्य का जवन अप्रतीम सफलता आ मान सम्मान मिलल बा ओह पर राष्ट्रे ना समस्त विश्व अचरज में बा। होखो काहे ना जी जहाँ से हर साल लावा घुली जस अनेको प्रतियोगी परीक्षा में हजारन प्रतिभागी उतीर्ण भइलो का बाद नोकरी छोड़ बिहारे में व्यपार करत होखस, तीन साल के डिग्री के कोर्स पाँच बरिस में…

Read More

कब बदली बिहार के दशा-दिशा- तारकेश्वर राय तारक

बिहार दिवस पर तारकेश्वर राय तारक जी के बिहार के वर्तमान आ भूतकाल के संगे भविष्य पर लिखल आलेख पढ़ीं बिहार दिवस विशेष कवनों दिन अपना बिशेष उपलब्धि के कारण ख़ास बनी जाला । आजु के दिन माने 22 मार्च अपना कुछ खाशियत के कारण आम से खास बनी गइल । जल संरक्षण दिवस ह आज । जल त जीवन ह, एकर मात्रा येह धरा प निश्चित बा । एके बेवजह खर्चा ना करेके चाही एह बात के समुझल बहुते जरूरी बा एहि ख़ातिर ई दिवस मनावल जाला । आजुये…

Read More