मशरख में पुलिस द्वारा मुख्य बाजार में वाहन चैकिंग अभियान से बड़ दुर्घटना के आंशका, चैकिंग के कारण दोकानदारन के बिक्री भइल ठप

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः बाकिर बिहार के छपरा जिला के मशरख थाना क्षेत्र के व्यापारी लोग के अबहीं असन कवनो संभआवना नइखे लउकत। एकर कारण बा मशरख थाना पुलिस द्वारा बाजार क्षेत्र के महावीर चौक पर रोज चल रहल वाहन चैकिंग अभियान। एह अभियान के कारण इहां कब्बो कवनो बड़ सड़क दुघर्टना होखे के आंशका बनल बा। जहां पुलिस चैकिंग से आवे जाए वाला लोग के परेशानी हो रहल बा ओहिजा एह दैरान सड़क पर लागे वाला जाम के कारण चैकिंग स्थल के नियरा के दोकानन में ग्राहक के…

Read More

मशरख में छेड़खानी के दूगो अलग-अलग मामला आइल सोझा प्राथमिकी दर्ज करके पुलिस मामला के जांच में जुटल

मशरख में छेड़खानी के दूगो अलग-अलग मामला आइल सोझा प्राथमिकी दर्ज करके पुलिस मामला के जांच में जुटल भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशरख(सारण): लॉकडाउन के दौरान भी मनबढ़ लोग अपना आदत से बाज नइखन आवत। ई लोग मौका मिलते आपन रंग देखा रहल बा। अइसने दूगो घटना छपरा के मशरख थाना क्षेत्र के बहरौली पूरब टोला गांव आ गोरहन में सामने आइल बा। जहां पहिलका मामला में एगो युवती के साथे जोर जबर्दस्ती कइला के मामला प्रकाश में आइल बा, त ऊंहवें गोरहना गांव के बा जेमे घर से बाहर शौच…

Read More

मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे पुलिस मारपीट मामला अपडेट-मारपीट करे वाला एएसआई भइले निलंबित

मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे पुलिस मारपीट मामला अपडेट-मारपीट करे वाला एएसआई भइले निलंबित भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज सबेरे मशरक पीएचसी में कार्यरत आरबीएस चिकित्सक से मारपीट के घटना के सामने अइला आ सोशल मीडिया एवं मुख्य मीडिया में एह घटना के प्रकाशित भइला के  बाद सारण के एसपी के आदेश पर मढ़ौरा डीएसपी जांच के बाद आपन रिपोर्ट सारण एसपी हरिकिशोर राय के सौप दिहलें बाड़ें। ओहिजा डीएसपी के रिपोर्ट पर तुरंत एक्शन लेत सारण के एसपी हरिकिशोर राय तत्काल प्रभाव से संबंधित एएसआई के निलंबित…

Read More

मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे सहाजितपुर पुलिस कइलस खूब मारपीट

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज जहां दिल्ली आ दोसरा राज्यन में काम करे वाला स्वास्थय कर्मीयन आ डॉक्टर लोग के सरकार के ओर से आ जनता के ओर से कोरोना के खिलाफ लड़ाई में पूरा सहयोग आ समर्थन मिल रहल बा ओहिजा बिहार के छपरा में अपना डियूटी पर जा रहल डॉक्टर के बिहार पुलिस के एगो सहायक उपनिरिक्षक जम के पीट दिहलें। जानकारी के मोताबिक ई घटना आज सबेरे ओह बेरा भइल जब मशरक पीएचसी में काम करे वाला आरबीएस डॉक्टर संजीव कुमार सिंह गांव में आइशोलेशन कैंप…

Read More

 कालाबाजारी करे वालन पर भइल छापामारी

 कालाबाजारी करे वालन पर भइल छापामारी भोजपुरी समय, ध्रमेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): कोरोनी वायरस से फइलल महामारी से बचाव खातिर बुधवार के रात 12 बजे से पूरपा देश में लॉकडाउन के घोषणा के बाद जहां-तहां जरुरी सामान के कालाबाजारी के संभावना के देखत आज सबेरहीं छपरा के  मशरक थाना के सीओ ललित कुमार सिंह आ बिहार सराकर के मार्केटिंग अधिकारी अमरेन्द्र कुमार सिंह मशरख में कालाबाजारी करे वाला दोकानदारन पर कार्रवाई कइलें। एह दौरान मशरख सब्जीमंडी में दलबल के संगे ई दूनू अधिकारी छापामारी कइलें। एह दौरान मशऱख में आलू पियाज…

Read More

पुलिस के जवान लवटवले भुलाइल रुपिया से भरल बटुआ त चेहरा पर लवटल हंसीं

पुलिस के करनी से मुरझाइल चेहरन पर फइलल मुसुकी नितिन अवस्थी, भोजपुरी समय, मिर्जापुर: माई विंध्यवासिनि के विन्ध्याचल मंदिर में दर्परपुलिस करे आइल दूगो भक्तन खातिर आज के दिन हरमेशा खातिर इयादगार हो गइल। दरअसल मंदिर परिसर में ड्यूटी पर तैनात पुलिस कांस्टेबल झम्मन लाल वर्मा कुछ अइसन कइले कि उहां मौजूद दर्शनार्थीयन के मुरझाइल चेहरन पर मुस्कान नाच उठल। जेकर सभे मुक्त कंठ से  सराहना भी कइलस। सिपाही के कारण मिलल रुपिया से भरल भुलाइल पर्स पुर्णिमा के अवसर पर माई विंध्यवासिनी मंदिर में भक्तन के भारी भीड़ जुटल…

Read More

जमशेदपुर में लागल सीसीटीवीयन के होखी मैपिंग, अपराधियन के पकड़े में होखी आसानी

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः जमशेदपुर के पुलिस आपन तकनीकी दक्षता के बढ़ावे खातिर अब अब प्राइवेट सीसीटीवी के मैपिंग करे के शुरुआत करे जा रहल बिया। बुधवार के बिष्टुपुर थाना परिसर स्थित सभागार में एसएसपी एह प्रोजेक्ट के शुरुआत कइलें। पुलिस विभआग एह प्रोजेक्ट के  ”त्रयंबकम प्रोजेक्ट” नांल धइले बा। एह बइठक में जमशेदपुर पुलिस के सभे आला अधिकारिये के संगे-संगे सभ थाना के थानेदार आउर अन्य पुलिसकर्मी मौजूद मौजूद रहलें। एह दौरान एसएसपी अनूप बिरथरे मौजूद सभे थानेदारन के निर्देश देत कहलें कि ऊ लोग अपना-अपना क्षेत्र में लागल…

Read More

जमशेदपुर में पुलिस के मिलल बड़ कामयाबी, 50 हजार के ब्राउन शुगर के संगे दूगो अपराधी गिरफ्तार

जुगसलाई पुलिस ब्राउन शुगर के संगे दूगो अपराधियन के कइलस गिरफ्तार, पुलिस के मौका से मिलल 42 पुड़िया के कीमत 50 हज़ार रुपिया चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः झारखंड के जमशेदपुर के जुगसलाई थाना क्षेत्र में पुलिस के एगो बड़ कामयाबी मिलल। दरअसल सूत्रन से मिलल गुप्त जानकारी के आधार पर पुलिस दूगो नशीला पदार्थन के व्यापार करे वाला शआतिर अपराधियन के पकड़े में कामयाब भइल। पुलिस के मोताबिक मंगर के जुगसलाई थाना पुलिस इलाका के गरीब नवाज कॉलोनी से मो. एहसान आ मो. विक्की के भारी मात्रा में ब्राउन शुगर…

Read More