छपरा में सारण पुलिस के बड़ कार्रवाईः दियारा आ चंवरा में 25गो शराब भट्ठी कइलस ध्वस्त 11गो धंधाबाज धरइले

भोजपुरी समय,शशि प्रकाश, छपराः पुलिस कप्तान हर किशोर राय के निर्देश पर छपरा पुलिस आज जिला में कई जगहा छापामारप क के पच्चीसगो शराब के भट्ठी के ध्वस्त कइला के संगे-संगे लगभग 4हजार लीटर महुआ के पासा के भी नष्ट कइले बा। एकरा अलावा 11गो धंधाबाजन के गिरफ्तारी के संगे-संगे डेढ़ सौ लीटर से बेसी देसी शराब भी तइयार रुप में बरामद भइल बा। मीडिया से बातचीत में एसपी हर किशोर राय बतवलें कि नगर थाना, मुफस्सिल थाना, भगवान बाजार थाना, रिविलगंज, खैरा, मढौरा, आ अमनौर थाना के दियरा आ…

Read More

मशरख में लॉकडाउन में नियम उल्लंघन कइला पर तीनगो राशन दोकान पर भइल पुलिस करवाई

मशरख में लॉकडाउन में नियम उल्लंघन कइला पर तीनगो राशन दोकान पर भइल पुलिस करवाई भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशरख(सारण): कोरोना वायरस से संक्रमण के चलते देश भर में 25 मार्च से लागू लॉकडाउन के दौरान जनता के कवनो जरुरी सामान के कमी ना होखे आ कवनो प्रकार के परेशानी ना हो एकर सरकार के द्वारा हर स्तर पर ध्यान राखल जा रहल बा। एही कड़ी में बिहार सराकर के द्वारा मिलल दिशा-निर्देश के आधार पर छपरा जिला प्रशासन के द्वारा पूरा जनपद में जरुरी सामान के सप्लाई करे वाला दोकानन…

Read More