पीएम मोदी कइले कोरोना वैक्सीनेशन अभियान के शुरुआत

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः देश में आज कोरोना वायरस के खिलाफ वैक्सीनेशन अभियान के शुरुआत हो गइल। देश में टीकाकरण के शुरुआत से पहिले प्रधानमंत्री मोदी देशवासियन के संबोधित कइले। अपना संबोधन में ऊ कहलें कि वैक्सीन लगवला के बादो कवनो तरे के लापरवाही नइखे बरते के। पीएम मोदी लोग से अपील कइले बाड़े कि सभे लोग वैक्सीनेशन के दौरान कोरोना प्रोटोकॉल के पालन करस। ऊ कहले कि, “भारत चौबीसों घंटा सतर्क रहल, हमनी सही समय पर सही फैसला कइनी।” एकरा से पहिले प्रधानमंत्री कहनी कि भारत…

Read More

पीएम के संसदीय क्षेत्र से मध्य प्रदेश के श्रमिक पैदले निकलले  

पीएम के संसदीय क्षेत्र से मध्य प्रदेश के श्रमिक पैदले निकलले भोजपुरी समय,नितिन अवस्थी,मीर्जापुरः कोरोना वायरस से संक्रमण फइलले से बचाव के कारण पूरा देश के संगे संगे वाराणसी में भी लॉकडाउन हो गइल बा। अइसने में इहंवा से लगभग डेढ़सो किलोमीटर दूर मध्य प्रदेश के रीवा जिला के हनुमना के रहे वाला मजदूरन के जब वाराणसी में भी एक महीना के बंदी के जानकारी लागल त ऊ लोग भी इहंवा से अपना अपना घर के ओर प्रस्थान कर गइल लोग। लॉकडाउन के चलते काम बन्द होखे के बाद खाए…

Read More

कोरोना से बचाव खातिर गाजियाबाद के मंदिरन में भी मनावल जाई जनता कर्फ्यू, 23 मार्च से अगिला सूचना तक भक्तन के प्रवेश पर लागी रोक

कोरोना से बचाव खातिर गाजियाबाद के मंदिरन में भी मनावल जाई जनता कर्फ्यू, 23 मार्च से अगिला सूचना तक भक्तन के प्रवेश पर लागी रोक भोजपुरी समय, शशि प्रकाश तिवारी, गाजियाबादः दुनिया भर में फइलल कोरोना वायरस आ एकरा से हो रहल लगोन के नोकसान के देखत एकरा रोकथाम खातिर बियफे के रात में जहां भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लोगन से 22 मार्च एतवार के दिने सबेरे 7 बजे से लेके रात के 9 बजे ले जनता कर्फ्यू लगावे के अपील कइले रहस। पीएम के एह अपील के तमाम…

Read More

पीएम मोदी के आगमन के होता जोरदार तइयारी, दिव्यांगन के बंटीहें उपकरण,बनइहें वर्ल्ड रेकॉर्ड

भोजपुरी समय, प्रयागराजः प्रधानमंत्री मोदी 29 फरवरी के प्रयागराज के दौरा पर जा रहल बानी। एह दौरान पीएम मोदी संगम के परेड ग्राउण्ड में 26,791 दिव्यांगन आ बुजुर्गन के एक संगे उपकरण बंटीहें। पीएम मोदी बनइहें वर्ल्ड रेकॉर्ड जहां एक ओर एह कार्यक्रम में पीएम मोदी दिव्यांगन आ बुजुर्गन के उपकरण बंटीहें त ओहिदा दोसरा ओर ऊ एगो विशअव रेकॉर्ड भी बना रहल होइहें। दरअसल एके दिन में एके जगहा से कवनो सरकारी कार्यक्रम में एतना बड़ संख्या में उपकरण बांटे के ई एगो विश्व रिकॉर्ड होखी। अकेले दिव्यांगन से…

Read More

का भइल लोकपाल? पीएम मोदी कइले दिल्ली सरकार से सवाल

अरविन्द केजरीवाल

भोजपुरी समय, नई दिल्ली: दिल्ली चुनाव में भाजपा के ओर से प्रचार करे खातिर जब प्रधानमंत्री मोदी मैदान में उतरले त विपक्ष के विशेष रूप से आप पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जमके कठघरा में खड़ा कइले। पूर्वी दिल्ली के कड़कड़डूमा के सीबीडी मैदान में अपना पहिलका रैली में ही मोदी विपक्ष के बता दिहले की प्रचार के मैदान में उहो उतर गइल बाड़े। एह रैली में पीएम लोकपाल के मुद्दा उठवले आ रहले कि दिल्ली के जनता के आजो लोकपाल के बेरा जोह रहल…

Read More

संजोग ना ई प्रयोग हऽ, शाहीन बाग में चल रहल प्रदर्शन पर पीएम मोदी सधले निशाना

भोजपुरी समय,नई दिल्ली: जस जस दिल्ली में चुनाव के दिन नजदीक आवत जाता वइसे-वइसे सभ पार्टी आपन पूरा जोर वोटर के लोभे में लगा रहल बा। अबकी के चुनाव ना खाली आम आदमी पार्टी आ ओकरा संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल खातिर नाक के लड़़ाई बन गइल बा वरन एह चुनाव से बीजेपी के भी बहुत कुछ दांंव पर लागल बा। आज पहिला हाली पीएम मोदी दिल्ली चुनाव में भाजपा के प्रचार करे खातिर मैदान में उतरले त अपना चिर-परिचित अंदाज में विपक्ष पर जम के बरिस लेहन।…

Read More