नीतीश दिल्ली सरकार के मुफ्त यात्रा वाली योजना पऽ सवाल उठवलन

नई दिल्ली नीतीश कुमार आज दिल्ली में एनडीए के पक्ष में जनसभा के संबोधित करत कहले कि सभसे उनकर सरकार बिहार में प्रीपेड बिजली विचार लागू के योजना पऽ काम शुरू कइले रहे । अब पूरा देश में ई सिस्टम लागू कइल जाई। केहू अब बिजली के मिसयूज ना कऽ पाई। कुछ लोग अपनहीं आपन तारीफ करेले। बाकिर कवनो काम ना करस। केन्द्रीय बजट 2020 में सरकार प्रीपेड बिजली मीटर देश में लगावे को योजना शुरू करे के बात कहले बे। नीतीश कुमार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के द्वारा…

Read More

नीतीश कुमार अरविन्द केजरीवाल पऽ जम के बरसलन

नई दिल्ली बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दिल्ली में चुनावी सभा के दौरान सीएम अरविन्द केजरीवाल पर जमके हमला बोलले। नीतीश कहले कि केजरीवाल जी गरीबन के वोट लेके गरीबे से छल कइले बाड़न। केजरीवाल कवनो काम नइखन कइले बस आपन प्रचारे करत रह गइलन। नीतीश कुमार कहले कि, “केंद्र सरकार के हम बधाई देतानी। ऊ 40 लाख लोगन के घर के हक दिहले बिया। ई कवनो मामूली बात नइखे। नीतीश आगा कहले कि बिहार पहिले जंगलराज के नाम से जानल जात रहे। लोग में डर के माहौल रहे, बाकिर…

Read More

आज अमित शाह योगी नीतीश कुमार दिल्ली में करिहें भाजपा खाती चुनावी रैली

नई दिल्ली दिल्ली विधानसभ चुनाव जीते खाती भाजपा आपन पूरा शक्ति लगा देले बिया। आज केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह, उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अउरी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दिल्ली में भाजपा खाती चुनावी रैली अउरी जनसभा करी लो। भाजपा के राष्टीय अध्यक्ष जेपी नड्डा, रक्षामंत्री राजनाथ सिंह अउरी स्मृति इरानी संगे अनेक भाजपा नेता के आज महाजन संपर्क अभियान के तहत चुनाव प्रचार करिहें काल्ह सोमार के प्रधानमत्री नरेंद्र मोदी के दिल्ली विधानसभा चुनाव के पहिला चुनावी रैली कड़कड़डूमा के सी. बी. डी. ग्राउंड में बा।

Read More

केहू में दम नइखे कि भारत के टुकड़ा कर सको-नीतीश कुमार

भोजपुरी समय, पटना देशद्रोह आ भड़काऊ भाषण देके कई दिन से सुर्खीयन में रहे वाला शरजील इमाम के बिहार के जहानाबाद से गिरफ्तारी के बाद बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश के कहनाम बा कि आजकाल्ह देश के माहौल खराब करे के कोशिश कइल जा रहल बा, जवना के सामान्य करे के चाहता। लेकिन इहो बात बा कि ई हमनी सभे के चाहला भर से ना होखी। दिल्ली पुलिस आपन काम कइले बिया, आ शरजील के गिरफ्तार करे में बिहार पुलिस भी सहजोग कइले बा जवना के भोर नइखे पारल जा सकत।…

Read More