अरोपिन के फोटो वाला पोस्टर जल्दी हटावे यूपी सरकार: इलाहाबाद हाईकोर्ट

सीएए विरोधी आरोपिन के पोस्टर

प्रयागराज इलाहाबाद हाईकोर्ट उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश देत कहले बे कि यूपी सरकार सीएए विरोधी हिंसा में सम्पति के नोकसान पहुँचावे वाला आरोपिन के फोटो वाला पोस्टर जल्दी से हटावे। मालूम होखो कि सीएए विरोधी प्रदर्शन में प्रदर्शनकारी लखनऊ में खुब जमि के हिंसा कइले रहलें। एह हिंसा में सरकारी अउरी लोगन संपति के खुब नोकसान पहुँचावल गइल रहे। सरकार एह हिंसा के भड़कावे वाला आरोपिन के पहचान कऽ के ओह लोगन के फोटो वाला पोस्टर शहर में लगवले रहल हऽ। इलाहाबाद हाईकोर्ट एह ममिला के स्वतः संज्ञान ले…

 1,031 total views

Read More

ताहिर हुसैन के कोर्ट में सरेन्डर करे से पहिलहीं क्राइम ब्रांच कइलस गिरफ्तार

Tahir Hussain Arrested by Crime Branch

नई दिल्ली दिल्ली राउज एवेन्यू कोर्ट में एगो ड्रामा नियर ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच कोर्ट के पार्किंग से गिरफ्तार कऽ लिहलस हऽ। ताहिर हुसैन कोर्ट में सरेंडर करे खाती पहुँचल रहल हऽ। कोर्ट अपना वकील के हाथे ताहिर हुसैन सरेंडर करे के अर्जी लगवले रहल हऽ बाकिर कोर्ट एह अर्जी के ई कहत खारिज कऽ दिहलस हऽ कि ई ममिला ओकरा ज्यूरीडिक्शन के बहरी के बा। ताहिर हुसैन दिल्ली पुलिस के हिसाब से पिछला कई दिन से लापता रहल हऽ। दिल्ली में भइल नागरिकता (संशोधन) अधिनियम…

 3,963 total views

Read More

ताहिर हुसैन पऽ दूगो अउरी एफआईआर,  ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस पऽ आरोप

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

नई दिल्ली आईबी आफिसर अंकित शर्मा हत्या के ले ताहिर हुसैन साफ-साफ मुकर रहल बा। ओकर कहनाम बा कि ऊ अंकित शर्मा के हत्या के समय ऊ ओह इलाका में ना रहल। अउरी ओकरा लगे एह बात के कई गो गवाह बाड़े। हालाँकि ताहिर पऽ कुछ अउरीओ ममिला में दूगो अउरी एफआईआर दर्ज भइल बा। अग्रिम याचिका में ताहिर हुसैन आपन बचाव करत दिल्ली पुलिस पऽ आरोप लगवले बा कि 24 फरवरी ओकरा कारखाना पऽ भीड़ हमला कइले रहे। ओह हमला के बाद पुलिस ओकरा घर के जांच कइलस अउरी…

 2,834 total views

Read More

ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती पहुँचल कोर्ट, पुलिस रेस्क्यू पऽ संस्पेस

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

नई दिल्ली एएनआई के एगो ट्वीट के हिसाब से आम आदमी पार्टी के निष्कासित पार्षद ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती दिल्ली कोर्ट के अर्जी लगवले बा। ताहिर हुसैन पऽ उत्तर पूर्वी दिल्ली के करावल नगर में सीएए विरोधी हिंसा भड़कावे, फइलावे अउरी हिंसा में शामिल रहे के आरोप बा। ताहिर हुसैन के ले के कई तरह के दावा सोझा आवत बा। दिल्ली पुलिस के एडिशनल सीपी (क्राइम) ए के सिंगला के हिसाब से 24-25 फरवरी के रात में दिल्ली पुलिस ताहिर हुसैन के ओकरा घर से बचवले रहे तऽ ओहीजा…

 1,962 total views,  1 views today

Read More

सीएए विरोधी हिंसा में पुलिसकर्मी पऽ पिस्टल ताने वाला शाहरुख गिरफ्तार

मौजपुर शाहरुख

नई दिल्ली आज 3 मार्च मंगर के दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच दिल्ली में भइल नागरिकता (संशोधन) अधिनियम विरोधी हिंसा में पुलिसकर्मी पऽ पिस्टल ताने वाला शाहरुख के गिरफ्तार उत्तर प्रदेश के शामली से पकड़े ले ले बिया। मालूम होखे के चाहीं कि शाहरुख 24 फरवरी के दिल्ली में दिन दहाड़े सीएए विरोधी हिंसा में एगो पुलिसकर्मी पऽ पिस्टल तान देले रहे अउरी संगहीं कई राउंड फायर कइले रहल। पुलिस से पूछताछ में शाहरुख दिल्ली पुलिस के बतवलस कि ओह दिन ऊ कनॉट प्लेस के एगो पार्किंग में रात गुजरलस।…

 1,329 total views,  1 views today

Read More

बंगाल में रहे वाला सगरी बाँग्लादेशी भारतीय नागरिक – ममता बनर्जी

ममता बनर्जी

कोलकाता कालियागंज के एगो जनसभा में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री अउरी तृणमूल कॉग्रेस के नेता ममता बनर्जी अपनी भाषण में कहली हऽ कि पश्चिमं बंगाल में रहे वाला सगरी बांग्लादेशी नागरिक भारतीय नागरिक हवन। उनकरा नागरिकता खाती केवनो आवेदन करे के जरूरत नइखे। ममता बनर्जी शुरू से नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के जोरदार विरोध करत बाड़ी। ऊ कहली हऽ कि लोग वोट दे के प्रधानमंत्री आ मुख्यमंत्री बनावत बा। एह रैली में दिल्ली में भइल सीएए विरोधी हिंसा में 47 लोगन के मरला पऽ मोदी सरकार के मज्जमत करत कहली हऽ…

 1,636 total views,  2 views today

Read More

शाहीन बाग में धारा 144, ड्रोन से निगरानी

शाहीन बाग सीएए

नई दिल्ली नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी धरना प्रदर्शन अउरी दिल्ली में भइल भारी हिंसा के बाद दिल्ली प्रशासन शाहीन बाग में धारा 144 लागू कऽ दिहल गइल बा। एह नोटिस के शाहीन बाग के नियरा के पुलिस बैरिकेट पऽ सटावल गइल बा। दिल्ली पुलिस एह इलाका में एगो नोटिस जारी कऽ के कहले बे कि एह क्षेत्र में बटोराइल भा धरना प्रदर्शन करे के मंजूरी नइखे। जे एह आदेश के ना मानी ओकरा पऽ कानूनी कारवाई होई। मालूम होखे के चाहीं कि हिन्दू सेना आज 1 मार्च के शाहीन बाग…

 3,556 total views,  2 views today

Read More

दिल्ली सरकार के सीएए विरोधी हिंसा के पीड़ितन खाती मुआवजा के एलान

अरविन्द केजरीवाल

नई दिल्ली दिल्ली के उत्तर पूर्वी जिला में नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी हिंसा में पीड़ित लोगन खाती दिल्ली के केजरीवाल सरकार मुआवजा देबे के घोषणा कइले बिया। ई मुआवजा आज से लोगन के मिले शुरू हो जाई। दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल 29 फरवरी शनिचर के प्रेस कांफ्रेंस कऽ के दिल्ली हिंसा पऽ अपडेट देत कहलें हँ कि अब स्थिति सामान्य हो रहल बा। एह प्रेस कांफ्रेंस में मुख्यमंत्री बतवलें हँ कि कुल्ह 69 लोग मुआवजा खाती आवेदन कइले बा अउरी ओह लोगन के 1 मार्च इतवार ले मुआवाजा के…

 8,416 total views

Read More

हिंसा के कारन दिल्ली के स्कूल सात मार्च ले बन्द

नागरिकता संशोधन अधिनियम सीएए विरोधी हिंसा

नई दिल्ली उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला में नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी हिंसा के देखत दिल्ली प्रशासन उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला के सगरी स्कूल सात मार्च ले बन्द करे के आदेश जारी कइले बा। सगरि स्कूलन के सलाना इम्तिहान एह हिंसा के कारन स्थगित कइल गइल। हालाँकि आज शनिचर के स्कूल स्टॉफ खाती स्कूल खुलल रहल हऽ। उत्तर पूर्वी जिला में पहिलहीं से सगरी स्कूल बन्द बा। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) एह क्षेत्र में 29 फरवरी ले होखे वाला परीक्षा टाल देले बा। एह सीएए विरोधी हिंसा अबले 42 जन…

 7,212 total views,  2 views today

Read More

सीएए आ दिल्ली हिंसा पर डोनाल्ड ट्रंप कहलें, ई भारत के भीतरी ममिला बा-डॉनल्ड ट्रंप

सीएए आ एनपीआर भोजपुरी समय, नई दिल्लीः   अमरीकी राष्ट्रपति डॉनल्‍ड ट्रंप मंगर के नई दिल्ली में कहलें कि सीएए भारत भीतरी ममिला बा। हमनी के (ट्रंप आ मोदी के) सीएए के लेके कवनो चर्चा नइखे भइल। पीएम मोदी इस्‍लाम आउर ईसाई धर्म खातिर भी काम कर रहल बाड़न। भारत अनुच्‍छेद 370 के सोच समझ कर हटवले बा। भारत आवे वाला समय में बहुते सशक्‍त होखे जा रहल बा। आर्थिक नजरिया से भी भारत सशक्‍त होखे जा रहल बा। पाकिस्तान से सीमा पार आतंकवाद के बारे में पूछला पर ट्रंप फेर…

 14,146 total views

Read More