जनता कर्फ्यू के समर्थन में भाजपा नेता, कार्यकर्ता सहित आम जनता लिहलस संकल्प

जनता कर्फ्यू के समर्थन

भोजपुरी समयः धर्मेंद्र पांडेय, मशरखः प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा बियफे के राष्ट्र के नांवें अपना संबोधन में कोरोना वायरस रूपी महामारी के प्रति जन जागरूकता फइलावे के उद्देश्य से कइल अपील के देश भर के लोग स्वागत कर रहल बा। एही क्रम में बनियापुर के पूर्व विधायक आ भाजपा नेता तारकेश्वर सिंह मशरख प्रखंड स्थित अपना आवास पर सैकड़न भाजपा कार्यकर्ता आ आम जनता के संगे मिलके देश के पीएम मोदी के आवाहन पर एतवार के होखे वाला देशव्यापी जनता कर्फ्यू में भाग लेबे के संकल्प लिहलहन। तारकेश्वर सिंह कोरोना…

Read More

कोरोना वायरस: प्रधानमंत्री मोदी के एतवार के जनता कर्फ्यू के अपील

प्रधान मंत्री नरेन्द्र मोदी PM Narendra Modi

नई दिल्ली कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के देखत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज साँझ देश के नागरिकन के संबोधित करत लोगन से निहोरा कइलन हँ कि 22 मार्च एतवार के जनता से सबेरे 7 बजे से रात 9 बजे ले जनता कर्फ्यू के अपील कइलन हँ। अपनी एह भाषण में प्रधानमंत्री कोरोना वायरस के कारन आइल आर्थिक गतिविधि में कमी के देखत कोविड-19 इकनॉमिक रिस्पॉन्स टास्क फोर्स के गठन करे के ऐलान कइलन हँ। प्रधानमंत्री के भाषण के मुख्य बात: निश्चिंत रहे के सोच ठीक नइखे। बलुक सजग रहल जरूरी…

Read More

पीएम मोदी सार्क देशन के मीटिंग खाती वीडियो चैट के रखन प्रस्ताव

प्रधान मंत्री नरेन्द्र मोदी PM Narendra Modi

नई दिल्ली भारतीय प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज शुक के कषेत्रीय सहयोग संगठन दक्षेस के सदस्य देशन के कोरोना वायरस संक्रमण के संबन्ध में होखे वाली बैठक खाती वीडियो चैट के प्रस्ताव रखलहन। प्रधान मंत्री अपनी ट्वीट में प्रस्ताव देत लिखले बाड़े, ‘हम मैं सार्क देशन के नेतृत्व के सोझा कोरोना वायरस से लड़े खाती मजबूत रणनीति बनावे के प्रस्ताव रखत बानी। हमनी के विडियो कॉन्फ्रेंसिंग से अपने नागरिकन के स्वस्थ रखे के उपायन पऽ पर चर्चा कइल जा सकत बा। हमनी के दुनिया कोविड- 19 नोवेल कोरोना वायरस से लड़…

Read More

प्रधानमंत्री कोरोना के ले के सावधानी बरते के अपील कइलें

कोरोना वायरस COVID19

नई दिल्ली अबले भारत में कोरोना के नौ गो ममिला सोझा आइल बा। राजधानी में काल्ह कोरोना वायरस के संक्रमित मरीज के मिलला से पूरा देश में लोग एह वायरस से डेराइल बा। लोगन में डर बा कि जदि दिल्ली में ई वायरस फइल जाई तऽ देश के बाकी हिस्सा में एकरा फइले के संभावना बढ़ि जाई। हालाँकि स्वास्थ्य मंत्रालय लगातार एह विषय में अपडेट दे रहल बा बाकिर लोग में डर माहौल बा। एही दिसाईं प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कोरोना वायरस से निपटे के तइयारी जायजा लिहलहन। संगहीं अपनी ट्वीट…

Read More

सोशल मीडिया छोड़े पऽ विचार करत बाड़े पीएम मोदी

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी

नई दिल्ली आज रात आठ बजके छप्पन मिनट पऽ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एगो ट्वीट कइल हन कि ऊ एह एतवार के सोशल मीडिया के छोड़े के विचार करत बाड़े। एह ट्वीट के बाद सोशल मीडिया पऽ ई चर्चा के विषय बनि गइल बा। प्रधानमंत्री मोदी सोशल मीडिया के सगरी बरियार प्लेटफार्म पऽ एक्टिव बाड़े। अपनी ट्वीट में प्रधानमंत्री लिखलें हँ,  इस रविवार को फेसबुक, टि्वटर, इंस्टाग्राम और यूट्यूब पर सोशल मीडिया अकाउंट्स को छोड़ने की सोच रहा हूँ।   This Sunday, thinking of giving up my social media accounts on…

Read More

नमस्ते ट्रंप: आज से भारत यात्रा, राष्ट्रपति दिहें सम्मान में भोज

डोनाल्ड ट्रंप

नई दिल्ली     आज सोमार के अमेरीका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप अहमदाबाद पहुँचले।  एयरपोर्ट पऽ भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी ट्रंप से गले मिल के उनकर स्वागत कइलें। मोदी अउरी ट्रंप 22 किलोमीटर लम्हर रोड शो करत मोटेरा स्टेडियम पहुँचल लो। उहाँ ट्रंप अउरी मोदी उहाँ इक्कठा भीड़ संबोधित कइल लो। ट्रंप अहमदाबाद के कार्यक्रम के अपनी पत्नी मेलानिया अउरी परिवार के संगे ताजमहल देखे खाती लगभग 4 बजे आगरा पहुँचलें। आगरा में ताजमहल में लगभग एक घंटा ले रहला के बाद ट्रंप दिल्ली खाती रवाना हो गइलें। ई ट्रंप के…

Read More

काल्ह भाजपा के महाजनसंपर्क अभियान

नई दिल्ली लगातार कईगो विधानसभा चुनावन के हार कारन भाजपा दिल्ली विधानसभा चुनाव के जीते खाती आपन पुरा जोर लगा देले बे। एह दिसाईं भाजपा सगरी बड़ से ले के छोटहन नेता प्रचार के काम लागि ग इल बाड़े। केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह काल्ह एतवार के दिल्ली के बुराड़ी आ कैंट चुनाव प्रचार करिहें। कैंट इलाका महा जनसंपर्क अभियान के अहत डोर-टू-डोर कैपेन चलइहें तऽ बुराड़ी में साँझि खा चुनाव रैली करिहें। परसो सोमार तीन फरवरी के प्रधानमंत्री के दिल्ली विधानसभा चुनाव के दिसाईं कड़कड़डूमा के सी. बी. डी. ग्राउंड…

Read More