अच्छा खबर : जिला में बुधवार के खाली कोवैक्सीन के सेकेंड डोज़ वाला लाभार्थियन के लागी वैक्सीन

अच्छा खबर : जिला में बुधवार के खाली कोवैक्सीन के सेकेंड डोज़ वाला लाभार्थियन के लागी वैक्सीन जिला के मिलल कोवैक्सीन के 10 हजार डोज, प्रखंड मुख्यालयन सहित शहर में चार जगहा होखी टीकाकरण धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरख, सारणः छपरा जिला में कोवैक्सीन के इंतजार करे वाला लाभार्थियन खातिर अच्छा खबर बा। आब जिला में बुधवार के कोवैक्सीन के सेकेंड डोज वाला लाभार्थियन के टीकाकरण कइल जाई। जिला स्वास्थ्य समिति के डीपीएम अरविन्द कुमार  बतवले कि कोवैक्सीन के सेकेंड डोज खातिर काफी समय से लोगन के इंतजार रहल ह।…

Read More

माटी भरे के दौरान मारपीट में सातगो महिला आ पुरुष भइलें घायल

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः मशरक थाना क्षेत्र के सिसईं गांव में सोमार के सबेरे अपना घर के दुआरी पर माटी भरे के दौरान विवाद में जमके मारपीट भइल। एह घटना में सातगो महिला आ पुरुष गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घायल लोग के पड़ोसी के द्वारा इलाज खातिर मशरख पीएचसी में भर्ती करावल गइल, जहां एह लोग के पहचान स्वर्गीय सकलदेव राय के बासठ बरिस के बेटा लाल बहादुर राय, विजय कुमार यादव के पत्नी रीमा देवी(30 बरिस), लालबहादुर राय के पत्नी सरस्वती देवी(55 बरिस), रूमा कुमारी (22…

Read More

मशरख में लॉकडाउन में नियम उल्लंघन कइला पर तीनगो राशन दोकान पर भइल पुलिस करवाई

मशरख में लॉकडाउन में नियम उल्लंघन कइला पर तीनगो राशन दोकान पर भइल पुलिस करवाई भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशरख(सारण): कोरोना वायरस से संक्रमण के चलते देश भर में 25 मार्च से लागू लॉकडाउन के दौरान जनता के कवनो जरुरी सामान के कमी ना होखे आ कवनो प्रकार के परेशानी ना हो एकर सरकार के द्वारा हर स्तर पर ध्यान राखल जा रहल बा। एही कड़ी में बिहार सराकर के द्वारा मिलल दिशा-निर्देश के आधार पर छपरा जिला प्रशासन के द्वारा पूरा जनपद में जरुरी सामान के सप्लाई करे वाला दोकानन…

Read More