मैथिली-भोजपुरी अकादमी भी शुरु कइलस लॉकडाउन में फेसबुक पर लाइव कार्यक्रम

भोजपुरी समय, नई दिल्लीः देश दुनिया में कोरोना वायरस से फइल रहल महामारी से बचे खातिर जब दुनिया के कइगो देशन के संगे-संगे अपना देश भारत में भी लॉकडाउन लागल बा। त लॉकडकउन के एह समय में जब सारा दुनिया अपना-अपना घर में घेराइल बा अइसन में लोग घर में बइठले आपन काम कर रहल बा। एह दौरान लोग घर में रहत-रहत ऊबिया भी रहल बाड़ें। हालांकि एह दौरान तमाम छोट-बड़ संस्था सोशल मीडिया जइसे फेसबुक, यूट्यूब आदि पर अपना-अपना पेज भा चैनल के माध्यम से लाइव करा रहल बा…

Read More

दिल्ली-NCR में भूकंप के झटका, घर से बाहर निकलल लोग

भोजपुरी समय, राम प्रकाश तिवारी, नई दिल्लीः दिल्ली-एनसीआर में  जबरदस्त भूकंप के झटका अबहीं कुछ देर पहिले महसूस कइल गइल हऽ। बता दीं कि शुक्रवार रात 9 बजके 10 मिनट के करीब भूकंप के झटकन से दिल्ली-एनसीआर आ एकरा अगल बगल के कईगो राज्यन के धरती हिल गइल हऽ। सूत्रन से मिल रहल जानकारी के अनुसार, दिल्ली, नोएडा, गुरुग्राम, फरीदाबाद आ गाजियाबाद समेत कई जगहा पर भूकंप के झटका महसूस कइल बा। एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पर लगभग 4.6 रहल हऽ। एह बार भूकंप के झटका अतना तेज…

Read More

समय के चाक पर नाचत दिल्ली-तारकेश्वर राय “तारक”

दिल्ली में सीएए के विरोध में बवाल

दिल्ली के सड़क पर जे बरिसो से चलत आ रहल बा उ अदमी के खूब मालूम बा कि ई कबो सुनसान ना होखे हमेशा गुलजार रहेला। राती के कुछ घरी भले तनी भँगुवा जाव लेकिन फिर तरोताजा होके गाड़ी घोड़ा आदमी जन से भरी जाला सड़क । लेकिन दिल वालन के शहर दिल्ली के दिल आजु काल धड़कत नइखे धधकत बा भभकत बा रोवत बा डर से भयभीत बा । कबो देखे सुने के ना मिलल रहे दिल्ली के सड़क पर फ़इलल मुश्मात के माँग नियन सुनसान भकसावन सन्नाटा ।…

Read More

दिल्ली में भव्यता आ धूमधाम से मनावल गइल सर्व भाषा ट्रस्ट के दोसरका वार्षिकोत्सव

भोजपुरी समय दिल्ली: भाषा, साहित्य, कला आउर संस्कृति के संरक्षण-संवर्धन खातिर समर्पित संस्था सर्व भाषा ट्रस्ट के दोसरका वार्षिकोत्सव बड़ा ही भव्य तरीका से गांधी शांति प्रतिष्ठान में आयोजित कइल गइल। वार्षिकोत्सव में देश के अलग-अलग भाग से लगभग चौबीसगो भाषा के साहित्यकारन, भाषाविदन, चित्रकारन आ अन्य विभूतियन के सम्मानित कइल गइल। वार्षिकोत्सव में बतौर मुख्य अतिथि महामंडलेश्वर मार्तण्ड पुरी उपस्थित रहले। कार्यक्रम के अध्यक्षता सर्व भाषा ट्रस्ट के अध्यक्ष आ वरिष्ठ साहित्यकार श्री अशोक लव कइले।             कार्यक्रम के शुरुआत दीप प्रज्ज्वलन आ माँ…

Read More

केकरा मिली ताज, केकर रही लाज, अब जनता बनल सरताज

दिल्ली विधानसभा खातीर चुनाव प्रचार बियफे के साँझ छह बजे रोक गइल। अब 8 फरवरी के दिल्ली के 70गो विधानसभा सीट पर वोट डालल जाइ, जेकरा बाद 668 लोग के भाग के फैसला ईवीएम में बंद हो जाई अउरी जब एगारह फरवरी के वोटन के गिनती होखी, त ओहि दिन एह लोगन के भाग के नतीजा के भी घोषणा होखी । 668 उम्मीदवार आजमा रहल बाड़े आपन भाग अबकी दिल्ली में होखे वाला विधानसभा चुनाव में वर्तमान मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल, उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया, भाजपा के दिग्गज नेता विजेंदर गुप्ता…

Read More

संजोग ना ई प्रयोग हऽ, शाहीन बाग में चल रहल प्रदर्शन पर पीएम मोदी सधले निशाना

भोजपुरी समय,नई दिल्ली: जस जस दिल्ली में चुनाव के दिन नजदीक आवत जाता वइसे-वइसे सभ पार्टी आपन पूरा जोर वोटर के लोभे में लगा रहल बा। अबकी के चुनाव ना खाली आम आदमी पार्टी आ ओकरा संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल खातिर नाक के लड़़ाई बन गइल बा वरन एह चुनाव से बीजेपी के भी बहुत कुछ दांंव पर लागल बा। आज पहिला हाली पीएम मोदी दिल्ली चुनाव में भाजपा के प्रचार करे खातिर मैदान में उतरले त अपना चिर-परिचित अंदाज में विपक्ष पर जम के बरिस लेहन।…

Read More

जामिया गेट पऽ फेर फायरिंग

शाहीन बाग सीएए

नई दिल्ली पिछला एक हफ्ता में शाहीन बाग धरना प्रदर्शन के ले के एतवार के तीसरी बेर फायरिंग भइल बा। दिल्ली में स्थित केंद्रीय विश्वविद्यालय जामिया मिल्लिया के गेट नं पाँच पऽ एतवार के आधा रात तकरीबन 12 बजे के आस-पास हवाई फायरिंग भइल बा। ई पिछ्ला एक हफ्ता में तीसरी घटना हऽ। खबर बा कि लाल रंग के स्कूटी पऽ दू गो सवार यूनिवर्सिटी के गेट पाँच पऽ हवाई फायर कऽ के भाग गउवन। शाहीन बाग में सीएए एनआरसी अउरी एनपीआर के खिलाफ पिछला डेढ़ महीना से अधिका समय…

Read More

नीतीश दिल्ली सरकार के मुफ्त यात्रा वाली योजना पऽ सवाल उठवलन

नई दिल्ली नीतीश कुमार आज दिल्ली में एनडीए के पक्ष में जनसभा के संबोधित करत कहले कि सभसे उनकर सरकार बिहार में प्रीपेड बिजली विचार लागू के योजना पऽ काम शुरू कइले रहे । अब पूरा देश में ई सिस्टम लागू कइल जाई। केहू अब बिजली के मिसयूज ना कऽ पाई। कुछ लोग अपनहीं आपन तारीफ करेले। बाकिर कवनो काम ना करस। केन्द्रीय बजट 2020 में सरकार प्रीपेड बिजली मीटर देश में लगावे को योजना शुरू करे के बात कहले बे। नीतीश कुमार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के द्वारा…

Read More

आप चुनाव आयोग से योगी आदित्यनाथ के चुनाव प्रचार पऽ रोक लगावे के माँग कइलस

नई दिल्ली आम आदमी पार्टी (AAP) चुनाव आयोग से उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के दिल्ली में चुनाव प्रचार पऽ रोक लगावे के माँग कइले बे। पिछला कई दिन से आप भाजपा के कई नेतन के बयान पऽ सवाल उठवले बे। आप के दिल्ली विधानसभा चुनाव प्रभारी अउरी राज्यसभा सांसद संजय सिंह योगी आदित्यनाथ के बोली से ना तऽ गोली से मान जाए वाला बयान पऽ सवाल उठवले बाड़े। आप चुनाव आयोग पऽ समय ना देबे के आरोप लगवले बा। एह कारन संजय सिंह के संगे आप के नेता…

Read More

नीतीश कुमार अरविन्द केजरीवाल पऽ जम के बरसलन

नई दिल्ली बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दिल्ली में चुनावी सभा के दौरान सीएम अरविन्द केजरीवाल पर जमके हमला बोलले। नीतीश कहले कि केजरीवाल जी गरीबन के वोट लेके गरीबे से छल कइले बाड़न। केजरीवाल कवनो काम नइखन कइले बस आपन प्रचारे करत रह गइलन। नीतीश कुमार कहले कि, “केंद्र सरकार के हम बधाई देतानी। ऊ 40 लाख लोगन के घर के हक दिहले बिया। ई कवनो मामूली बात नइखे। नीतीश आगा कहले कि बिहार पहिले जंगलराज के नाम से जानल जात रहे। लोग में डर के माहौल रहे, बाकिर…

Read More