आज सबेरे दिल्ली के रामलीला मैदान में आम आदमी पार्टी से राष्ट्रीय संयोजक अउरी दिल्ली के दू बेर के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल तीसरी बेर मुख्यमंत्री के शपथ लिहलहन। दिल्ली के राज्यपाल अनिल बैजल अरविन्द केजरीवाल के पद अउरी गोपनीयता के शपथ दियववलन।
भोजपुरी समय, नई दिल्ली दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 के परिणाम घोषित भइला के बाद आज राष्ट्रपति श्री रामनाथ कोविंद के द्वारा दिल्ली सरकार के शपथ ग्रहण खातिर अधिसूचना जारी कर दिहल गइल बा, एह अधिसूचना के अनुसार राष्ट्रपति कोविंद केजरीवाल के दिल्ली के मुख्यमंत्री नियुक्त लव कइले बानी। ओहिजा जारी अधिसूचना के मोताबिक केजरीवाल के संगे छवगो (6) विधायक मंत्री पद के शपथ लिही लोग। शपथ लेबेवाला में मनीष सिसोदिया, सत्येंद्र जैन, गोपाल राय, कैलाश गहलोत, इमरान हुसैन, राजेंद्र गौतम के नांव शामिल बा। बहरहाल भोजपुरी समय के ओर से…
भोजपुरी समय, दिल्ली: देश के राजधानी दिल्ली में आज विधानसभा चुनाव 2020 के नतीजा आ गइल बा। अबहीं तक के नतीजा के अनुसार दिल्ली में आम आदमी पार्टी लगातार तीसरा बेर अरविंद केजरीवाल के नेतृत्व में सरकार बना रहल बा। मंगलवार के सबेरे आठ बजे से जइसहीं ईवीएम मशीन में बंद वोटन के गिनती शुरू भइल हऽ आ शुरुआत में ही आम आदमी पार्टी बीजेपी के ऊपर जवन बढ़त बनवलस ऊ खबर लिखे जाए तक बहुत विशाल बढ़त के रूप ले चुकल बा। अबहीं तक…
भोजपुरी समय: दिल्ली विधान सभा चुनाव (Delhi Assembly Election 2020) देश के दिल कहाये वाला दिल्ली में 70 विधानसभा सीट ख़ातिर शनिवार के वोटिंग क समय त ओरा गइल । दिल्ली विधानसभा चुनाव में करीब 57.08 प्रतिशत वोटिंग भइल । ई वोट के प्रतिशत बतावता की दिल वालन के ठीहा दिल्ली के सेतिहा में मिलल सुविधा पहिला पसन्द बा दुसर मुद्दा ओकरा खातिर कवनो खास माने नइखे रखत । 2015 के चुनाव में 67.2 प्रतिशत मतदाता आपन मतदान के उपयोग कइले रहलन आ 70 गो सीट में से 67 सीट…
नई दिल्ली आज दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 संपन्न हो गइल। एह चुनाव में अब तक सूचना के हिसाब से 57 प्रतिशत वोट पोल भइल बा। ई चुनाव दिल्ली के मुख्यमत्री अरविन्द केजरीवाल के काम बनाम बाकी सगरी मुद्दा पऽ लड़ल गइल बा। चुनाव संपन्न भइला के बाद न्यूज चैनलन पऽ जारी भइल सगरी एक्जिट पोलन में चुनाव परिणाम एकतरफा लउकत बा। एह एक्जिट पोलन के औसत के हिसाब से आम आदमी पार्टी के 52 सीट मिलत लउकत बा। ओही जा भाजपा के के17 सीट अउरी कॉग्रेस के 1 सीट मिले…
70 सीटन होखे वाला दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 में कुल्ह 673 गो उम्मीदवार अपना भाग्य के अजमावत बाडे। एह उम्मीदवारन में 593 गो पुरूष आउरी 79 महिला उम्मीदवार हिस्सा लेत बाडे।
छह तारीख के चुनाव प्रचार रूकला के बाद आज 8 फरवरी शनिचर के दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 खाती वोटिंग शुरू हो गइल बा।
दिल्ली विधानसभा चुनाव में वोटिंग के समय सुबह 7 बजे से ले के सांझ 6 बजे ले होई। एक्जिट पोल सांझ 6 बजे के बादे प्रसारित हो सकेला। 11 फरवरी के चुनाव परिणाम के घोषणा होई।
8 फरवरी के चुनाव होखे से एक दिन पहिले चुनावा आयोग दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के एगो नोटिस भेजि के काल्ह 8 फरवरी शनिचर के सांझ 5 बजे ले जवाब देबे के कहले बा।
दिल्ली विधानसभा खातीर चुनाव प्रचार बियफे के साँझ छह बजे रोक गइल। अब 8 फरवरी के दिल्ली के 70गो विधानसभा सीट पर वोट डालल जाइ, जेकरा बाद 668 लोग के भाग के फैसला ईवीएम में बंद हो जाई अउरी जब एगारह फरवरी के वोटन के गिनती होखी, त ओहि दिन एह लोगन के भाग के नतीजा के भी घोषणा होखी । 668 उम्मीदवार आजमा रहल बाड़े आपन भाग अबकी दिल्ली में होखे वाला विधानसभा चुनाव में वर्तमान मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल, उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया, भाजपा के दिग्गज नेता विजेंदर गुप्ता…
भोजपुरी समय, नई दिल्ली: दिल्ली चुनाव में भाजपा के ओर से प्रचार करे खातिर जब प्रधानमंत्री मोदी मैदान में उतरले त विपक्ष के विशेष रूप से आप पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जमके कठघरा में खड़ा कइले। पूर्वी दिल्ली के कड़कड़डूमा के सीबीडी मैदान में अपना पहिलका रैली में ही मोदी विपक्ष के बता दिहले की प्रचार के मैदान में उहो उतर गइल बाड़े। एह रैली में पीएम लोकपाल के मुद्दा उठवले आ रहले कि दिल्ली के जनता के आजो लोकपाल के बेरा जोह रहल…