दिल्ली में आप के सुनामी

दिल्ली में आज वोटिंग

          भोजपुरी समय, दिल्ली:  देश के राजधानी दिल्ली में आज विधानसभा चुनाव 2020 के नतीजा आ गइल बा। अबहीं तक के नतीजा के अनुसार दिल्ली में आम आदमी पार्टी लगातार तीसरा बेर अरविंद केजरीवाल के नेतृत्व में सरकार बना रहल बा। मंगलवार के सबेरे आठ बजे से जइसहीं ईवीएम मशीन में बंद वोटन के गिनती शुरू भइल हऽ आ शुरुआत में ही आम आदमी पार्टी बीजेपी के ऊपर जवन बढ़त बनवलस ऊ खबर लिखे जाए तक बहुत विशाल बढ़त के रूप ले चुकल बा। अबहीं तक…

Read More

दिल्ली में वोटिंग के बाद परिणाम के इंतजार

भोजपुरी समय: दिल्ली विधान सभा चुनाव (Delhi Assembly Election 2020) देश के दिल कहाये वाला दिल्ली में 70 विधानसभा सीट ख़ातिर शनिवार के वोटिंग क समय त ओरा गइल । दिल्ली विधानसभा चुनाव में करीब 57.08 प्रतिशत वोटिंग भइल । ई वोट के प्रतिशत बतावता की दिल वालन के ठीहा दिल्ली के सेतिहा में मिलल सुविधा पहिला पसन्द बा दुसर मुद्दा ओकरा खातिर कवनो खास माने नइखे रखत । 2015 के चुनाव में 67.2 प्रतिशत मतदाता आपन मतदान के उपयोग कइले रहलन आ 70 गो सीट में से 67 सीट…

Read More

एक्जिट पोल में दिल्ली में अरविन्द केजरीवाल के आन्हीं

अरविन्द केजरीवाल

नई दिल्ली आज दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 संपन्न हो गइल। एह चुनाव में अब तक सूचना के हिसाब से 57 प्रतिशत वोट पोल भइल बा। ई चुनाव दिल्ली के मुख्यमत्री अरविन्द केजरीवाल के काम बनाम बाकी सगरी मुद्दा पऽ लड़ल गइल बा। चुनाव संपन्न भइला के बाद न्यूज चैनलन पऽ जारी भइल सगरी एक्जिट पोलन में चुनाव परिणाम एकतरफा लउकत बा। एह एक्जिट पोलन के औसत के हिसाब से आम आदमी पार्टी के 52 सीट मिलत लउकत बा। ओही जा भाजपा के के17 सीट अउरी कॉग्रेस के 1 सीट मिले…

Read More

दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 में कुल्ह 673 गो उम्मीदवार अजमावत बाड़े अपना भाग्य

दिल्ली विधानसभा चुनाव

70 सीटन होखे वाला दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 में कुल्ह 673 गो उम्मीदवार अपना भाग्य के अजमावत बाडे। एह उम्मीदवारन में 593 गो पुरूष आउरी 79 महिला उम्मीदवार हिस्सा लेत बाडे।

Read More

दिल्ली में आज वोटिंग

दिल्ली में आज वोटिंग

छह तारीख के चुनाव प्रचार रूकला के बाद आज 8 फरवरी शनिचर के दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 खाती वोटिंग शुरू हो गइल बा।
दिल्ली विधानसभा चुनाव में वोटिंग के समय सुबह 7 बजे से ले के सांझ 6 बजे ले होई। एक्जिट पोल सांझ 6 बजे के बादे प्रसारित हो सकेला। 11 फरवरी के चुनाव परिणाम के घोषणा होई।

Read More

केजरीवाल कइलें हिन्दू-मुस्लिम वीडियो ट्वीट, चुनाव आयोग के नोटिस

अरविन्द केजरीवाल

8 फरवरी के चुनाव होखे से एक दिन पहिले चुनावा आयोग दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के एगो नोटिस भेजि के काल्ह 8 फरवरी शनिचर के सांझ 5 बजे ले जवाब देबे के कहले बा।

Read More