ताहिर हुसैन के कोर्ट में सरेन्डर करे से पहिलहीं क्राइम ब्रांच कइलस गिरफ्तार

Tahir Hussain Arrested by Crime Branch

नई दिल्ली दिल्ली राउज एवेन्यू कोर्ट में एगो ड्रामा नियर ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच कोर्ट के पार्किंग से गिरफ्तार कऽ लिहलस हऽ। ताहिर हुसैन कोर्ट में सरेंडर करे खाती पहुँचल रहल हऽ। कोर्ट अपना वकील के हाथे ताहिर हुसैन सरेंडर करे के अर्जी लगवले रहल हऽ बाकिर कोर्ट एह अर्जी के ई कहत खारिज कऽ दिहलस हऽ कि ई ममिला ओकरा ज्यूरीडिक्शन के बहरी के बा। ताहिर हुसैन दिल्ली पुलिस के हिसाब से पिछला कई दिन से लापता रहल हऽ। दिल्ली में भइल नागरिकता (संशोधन) अधिनियम…

Read More

ताहिर हुसैन पऽ दूगो अउरी एफआईआर,  ताहिर हुसैन के दिल्ली पुलिस पऽ आरोप

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

नई दिल्ली आईबी आफिसर अंकित शर्मा हत्या के ले ताहिर हुसैन साफ-साफ मुकर रहल बा। ओकर कहनाम बा कि ऊ अंकित शर्मा के हत्या के समय ऊ ओह इलाका में ना रहल। अउरी ओकरा लगे एह बात के कई गो गवाह बाड़े। हालाँकि ताहिर पऽ कुछ अउरीओ ममिला में दूगो अउरी एफआईआर दर्ज भइल बा। अग्रिम याचिका में ताहिर हुसैन आपन बचाव करत दिल्ली पुलिस पऽ आरोप लगवले बा कि 24 फरवरी ओकरा कारखाना पऽ भीड़ हमला कइले रहे। ओह हमला के बाद पुलिस ओकरा घर के जांच कइलस अउरी…

Read More

ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती पहुँचल कोर्ट, पुलिस रेस्क्यू पऽ संस्पेस

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

नई दिल्ली एएनआई के एगो ट्वीट के हिसाब से आम आदमी पार्टी के निष्कासित पार्षद ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती दिल्ली कोर्ट के अर्जी लगवले बा। ताहिर हुसैन पऽ उत्तर पूर्वी दिल्ली के करावल नगर में सीएए विरोधी हिंसा भड़कावे, फइलावे अउरी हिंसा में शामिल रहे के आरोप बा। ताहिर हुसैन के ले के कई तरह के दावा सोझा आवत बा। दिल्ली पुलिस के एडिशनल सीपी (क्राइम) ए के सिंगला के हिसाब से 24-25 फरवरी के रात में दिल्ली पुलिस ताहिर हुसैन के ओकरा घर से बचवले रहे तऽ ओहीजा…

Read More