अगलगी में लाखों रूपिया मूल्य के संपत्ति जरके भइल नष्ट

बिजली शॉर्ट सर्किट से मिल्क पार्लर आ जेनरल स्टोर के दोकान में लागल आग। अगलगी में लाखों रूपिया मूल्य के संपत्ति जरके भइल नष्ट धर्मेन्द्र कुमार पांडेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारण: बिहार के सारण जिला के तरैया थाना क्षेत्र के उसरी चांदपुरा बाजार स्थित एगो सुधा मिल्क पार्लर आ जनरल स्टोर के दोकान में शनिचर के बिजली के शॉर्ट सर्किट से अचानक आग लाग गइल। जवना के चलते दोकान में राखल लाखन रुपिया मूल्य के संपत्ति जरके नष्ट हो गइल। मिलल जानकारी के अनुसार उक्त बाजार इस्थित मृत्युंजय प्रसाद के सुधा…

Read More

तरैया प्रखंड में मिलले 14गो कोरोना पॉजिटिव, कुल संख्या दू दर्जन के लगे चंहुपल

धर्मेंद्र पांड़ेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारणः बिहार के सारण जिला के तरैया प्रखंड में कोरोना धीरे-धीरे आपन गोड़ पसारे के शुरु कर दिहले बा। बाकिर लोग अबहींयो नइखे चेतत आ ना डेराते बा।बता दीं कि राज्य सरकार के आदेश से प्रदेश भर में सब शिक्षण संस्थान बंद हो गइल बाडीं सं। बाकिर तरैया में अबहीयों कुछ प्राइवेट शिक्षण संस्थान धड़ल्ला से चल रहल बा। प्रखंड के अधिकतर लोग कोरोना गाइडलाइन के पालन नइखे करत। बियफे के प्रखंड में कुल 197 लोग के जांच भइल। जवना में से  14 लोग कोरोना पॉजिटिव…

Read More

दू दिन के बरखा के बाद तरैया में एसएच पर भइल जलजमाव

भोजपुरी समय, रंजन कुमार, (तरैया) छपराः मौसम के बेरुखी आ ओही में झमाझम भइल बरसात  तरैया बजार के सड़कन के सूरत बिगाड़ के राख दिहले बा। जी हां तरैंया के अवधिया टोली स्थित मुख्य सड़क एसएच-73 पर पानी लागे से आवे–जाए वाला राहगीर आ व्यवसायी लोग के बहुते दिक्कत के सामना करे के पड़ रहल बा। आ एह सभ के मुख्य कारण बा तरैया बाजार स्थित एसएच 73 के किनारा पानी निकासी खातिर बनल नाला के स्थानीय लोग के द्वारा पूर्ण रूप से बंद कर दिहल। एकरा संगे संगे  व्यवसायी…

Read More

नीलगाय से भिड़ंत में बाइक सवार दूगो युवक घायल

भोजपुरी समय, बिहार डेस्क, (तरैया) छपराः छपरा के तरैया थाना क्षेत्र के तरैया-अमनौर एसएच-104 सड़क पर रामपुर महेश घोघरहा गांव स्थित देवी स्थान के लगे शनिचर के दुपहरिया बाद नीलगाय के हमला से बाइक सवार आ चालक गंभीर रूप से घाही हो गइले। एक आदमी के गंभीर अवस्था में पटना रेफर कर दिहल गइल बा, ओहिजा एह घटना में नीलगाय घटनास्थल पर ही मर गइल बिया। सूत्रन से मिल रहल जानकारी के मोताबिक जख्मी बाइक चालक आ सवार अररिया जिला के ताराबाड़ी थाना क्षेत्र के बिनकटौली गांव निवासी गंगाधर झा…

Read More