रामनाथ पांडेय के नाम पर एही साल शुरु होखी दूगो वेबसाइट

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर आयोजित ऑनलाइन कार्यक्रम में सारण भोजपुरिया समाज के सलाहकार आ वरिष्ठ सदस्य प्रसिद्ध गजलकार आ भोजपुरी भाषा के विद्वान डॉ.जौहर सफियाबादी कहलें कि श्रद्धेय रामनाथ पांडेय के नाम पर एही बरिस दूगो वेबसाइट संस्था के द्वारा शुरू कइल जाई। एह बारे में विस्तार से बतावत डॉ. सफियाबादी कहनीं कि जहां एगो वेबसाइट के नाम रामनाथ पांडेय भोजपुरी के पहिलका उपन्यासकार रही ओहिजा दूसरका के नाम सारण भोजपुरिया समाज होखी। एओह वेबसाइटन के माध्यम से भोजपुरी के…

Read More

भोजपुरी भाषा जागरण के अग्रदूत रामनाथ पांडेय। – डॉ०जौहर शफियाबादी

भोजपुरी भाषा के पहिला उपन्यासकार स्वर्गीय पं रामनाथ पांडेय के आज पुण्यतिथि बा। आजुए साल 2006 में ऊंहां के एह संसार से विदा लिहले रहनी। आज ऊंहा के पुण्यतिथि पर भोजपुरी आ हिन्दी के संगे संगे उर्दू के विद्वान सुप्रसिद्ध साहित्यकार गज़लकार आ डॉ डॉ. पी.एन. सिंह कॉलेज छपरा में उर्दू विभागाध्यक्ष डॉ. जौहर शफियाबादी जी अपना लेखनी से आदरणीय पांडेय जी के आपन श्रद्धांजलि अर्पित कर रहल बानी। भोजपुरी भाषा जागरण के अग्रदूत रामनाथ पांडेय। (डॉ०जौहर शफियाबादी) भोजपुरी गद्य साहित्य के नया दशा-दिशा प्रदान करे वाला भोजपुरी के पहिला…

Read More