बीजेपी के भइले सिंधिया

ज्योतिरादित्य सिंधिया

भोजपुरी समय,नई दिल्ली: कांग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद मंगर के दिन भर सस्पेंस बनवला के बाद आज ज्योतिरादित्य सिंधिया बीजेपी के मुख्यालय पहुंच के हर तरह के कयासन पर विराम लगा दिहले बाड़े। बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के सोझा बीजेपी के सदस्यता लिहले। एह अवसर पर पार्टी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष विनय सहस्त्रबुद्धे आ बीजेपी के प्रदेश अध्यक्ष बी.डी. शर्मा भी उपस्थित रहले।   ऐने ईहो खबर आ रहल बा कि बीजेपी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष प्रभात झा एह सभ से नाराज़ बाड़े आ ऊ आपन नाराजगी के…

Read More

ज्योतिरादित्य सिंधिया दू बजे ज्वाइन करिहें भाजपा

ज्योतिरादित्य सिंधिया

नई दिल्ली कॉग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद ज्योतिरादित्य सिंधिया आज दुपहरिया बाद दू बजे भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के उपस्थिति में भाजपा ज्वाइन करिहें। भाजपा ज्योतिरादित्य सिंधिया के आज 12 बजके 30 मिनट पऽ पार्टी ज्वाइन करे टाइम देले रहलि हऽ। बाकिर केवनो कारन से ई ज्वाइनिंग अब दू बजे होई। ज्योतिरादित्य सिंधिया के कॉग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद मध्यप्रदेश विधानसभा के कॉग्रेस के तेइस गो विधायक इस्तीफा दे देले बाड़न। तेइस गो विधायकन के इस्तीफा दिहला के बाद कमलनाथ सरकार अब अल्पमत में आ गइल…

Read More

मध्यप्रदेश में कमलनाथ सरकार अल्पमत में, भाजपा के सरकार संभव

कमलनाथ

नई दिल्ली आज ज्योतिरादित्य सिंधिया के कॉग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद मध्यप्रदेश विधानसभा के कॉग्रेस के बीस गो विधायक इस्तीफा दे दिहलन हँ। बीस गो विधायकन के इस्तीफा दिहला के बाद कमलनाथ सरकार अब अल्पमत में आ गइल बे। भाजपा अब कबो शक्ति परीक्षण के माँग कऽ सकत बे। मध्यप्रदेश विधानसभा के कुल्ह 230 विधायक बाड़न। बहुमत के आंकड़ा 116 बा। अभी दू गो विधायकन के मउत हो गइल बा। अउरी बीस गो विधायक इस्तीफा दे देले बाड़न सऽ। एसे वर्तमान में बहुमत के आंकड़ा 105 हो गइल…

Read More

सोनिया गाँधी के लिखल चिट्ठी में छलकल ज्योतिरादित्य सिंधिया के दर्द

ज्योतिरादित्य सिंधिया

नई दिल्ली आज सबेरे ज्योतिरादित्य सिंधिया प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से उनकरी आवास पऽ मुलाकात कइलन हँ। एह मुलाकात के बाद ई स्पष्ट हो गइल हऽ कि ज्योतिरादित्य के कॉग्रेस पार्टी के विदाई देबे के समय आ गइल बा। प्रधानमंत्री से मुलाकात कऽ के वापस अइला के बाद ज्योतिरादित्य कॉग्रेस अध्यक्ष सोनिया गाँधी के चिट्ठी लिखि के आपन दर्द बतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन हँ। सोनिया गाँधी के लिखल अपनी चिट्ठी के आपन दर्द साझा करत लिखले बाड़ें “आप जानती हैं कि पिछले एक साल से मैं इस चीज से…

Read More

हाथ के साथ छोड़ले ज्योतिरादित्य सिंधिया

भोजपुरी समय, नई दिल्ली: पछिला की दिन से मध्यप्रदेश में चलत सियासी उठापटक में आज एगो नया मोड़ आ गइल। आज पूर्व केंद्रीय मंत्री आ मध्यप्रदेश के दिग्गज कांग्रेसी नेता ज्योतिरादित्य सिंधिया कांग्रेस पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे दिहले‌। कांग्रेस के अंतरिम अध्यक्ष सोनिया गांधी के नाम से लिखल इस्तीफा में सिंधिया लिखले बाड़े कि ऊ जनसेवा करे खातिर राजनीति में आइल रहले, बाकि पिछला कुछ समय से कांग्रेस में रहते ऊ ई ना कऽ पावत रहले हं। एह से ऊ पार्टी से इस्तीफा दे रहल बाड़े। एकरा…

Read More